केहू हमसे जीत ना पाई में रवि किशन

गोरखपुर के प्रसिद्ध डाक्टर दम्पति डा. विजाहत करीम आ डा. सुरहिता करीम के देश भक्ति से भरल पहिला भोजपुरी फिल्म “केहू हमसे जीत ना पाई” के शूटिंग उत्तर प्रदेश का गोरखपुर में शुरू हो चुकल बा. सुपर स्टार रवि किशन मुख्य भूमिका में बाड़न. उनुका अलावे सुशील सिंह, मोहित घई, राजीव दिनकर, शहबाज खान, रिंकू घोष, स्वाति वर्मा, कोमल ढिल्लन आ नवोदित हितेन पाण्डेय समेत गोरखपुर आ अगल बगल के जिलन के कई गो कलाकार एह फिल्म में काम करत बाड़े. कहानी एस. के. चौहान के, निर्देशन एम. आई. राज के, संगीत आर. सी. ठाकुर के, आ गीत एस. के. चौहान के बा. एहसे पहिले दू गो हिन्दी फिल्म बना चुकल डा। वजाहत करीम कहले कि ऊ ढेर दिन से कवनो बढ़िया भोजपुरी फिल्म बनावल चाहत रहले. संजोग से मन लायक स्क्रिप्ट मिल गइल त फिल्म बनावे के तय कर लिहले. सुपरहिट भोजपुरी फिल्म, गंगा किनारे मोरा गांव, में डा॰ करीम खुद एगो डाक्टर के भूमिका कइले रहले.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।