गरीब तबका पर बोझा डाल दिहल गइल बा रेल बजट से

आजु पेश रेल बजट पर उत्तर प्रदेश के अनदेखी के शिकायत कइले बाड़े सगरी गैर कांग्रेसी दल के नेता. सपा नेता मुलायम सिंह के कहना बा कि अतना खराब बजट आजु ले ना आइल रहुवे. मायावती कहले बाड़ी कि गरीब तबका पर बोझा डाल दिहल गइल बा आ ओकरा कुछ भैंटाइल नइखे सुविधा के नाम पर, जबकि सबले बेसी सवारी गरीबे होलें. भाजपा अध्यक्ष लक्ष्मीकांत बाजपेयी के कहना बा कि दू हाली पहिलही भाड़ा बढ़ा चुकल सरकार फ्युएल सरचार्ज के नाम पर फेर माल भाड़ा बढ़ा दिहले बिया. जदयू नेता शरद यादव के कहना बा कि सोनिया के खुथ करे खातिर रायबरेली आ अमेठी के खास धेयान राखल गइल बा. हालांकि रालोद अध्यक्ष मुन्ना सिंह चौहान के कहना बा कि कई साल बाद उत्तर प्रदेश के धेयान राखल गइल बा रेल बजट में.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।