– ओ.पी. अमृतांशु

भादो के अन्हरिया रात, हमरो जिनिगिया,
दिन पे दिने दिने होता देहिया हरदिया
दिन पे दिने दिने ना.

कहिलें कुशलवा में, बारहो वियोगवा,
दुई टुक होई गईलें, घर के हंडीयवा,
नेह-छोह बाँट गईल, ननदी सवतिया,
दिन पे दिने दिने होता देहिया हरदिया
दिन पे दिने दिने ना.

टुटही पलानी मिलल , कूकुरा हेलानी,
लागि जाला डाभा जब पड़े लागे पानी,
कंहवा डसाई सेज, कइसे जोरीं चुल्हिया,
दिन पे दिने दिने होता देहिया हरदिया
दिन पे दिने दिने ना.

चित्रा बरसि गइल, पपीहा गरभाइल,
हमरो गरभवा के दिन नजीकाइल,
छट-पट करे जिया, उठे ला दरदिया,
दिन पे दिने दिने होता देहिया हरदिया
दिन पे दिने दिने ना.

जल्दी से आवऽ ,ना त रोपेया पेठावऽ ,
अपना सजनिया के, गरवा लगावऽ , ,
ना त बस भेंज द तू, तनी सा महुरिया,
दिन पे दिने दिने होता देहिया हरदिया
दिन पे दिने दिने ना.

7 Comments

  1. pradeep gupta

    bahute niman laagal

  2. Ranjit kairos

    वाह !ओ .पी .जी .
    दुखिया के दुखियारी जीवन भाव पूर्ण लागल .
    रंजित कैरोस

  3. Nidhi Kairos

    लोक जीवन के चित्रण लययुक्त लागल .
    आशा बा ई लय हमेशा बनल रही .
    धन्यवाद , अमृतांशु जी
    निधि कैरोस

  4. Santosh Patel

    भादो के अन्हरिया रात, हमरो जिनिगिया,
    दिन पे दिने दिने होता देहिया हरदिया
    दिन पे दिने दिने ना.

    bhado ke aanhariya rat kariya kuch kuch…..
    sunder bimb
    sadhvad
    santosh patel
    ratriya prachar mantri: akhil bhartiya bhojpuri sahitya sammalen,patna

  5. opg

    bada dard ba e geet me..

  6. omprakash amritanshu

    संतोष पटेल जी सहित सभी लोगन के हमरा तरफ से धन्यबाद बा .साथ में संपादक महोदय के भी हम आभारी बनी .अंजोरिया में हमरा छोटी – मुकी रचना के जगह मिलल .मन में खुशी के बीज अंकुरा गईल.
    धन्यवाद
    ओ.पी .अमृतांशु

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।