गुलाब थियेटर के ऑडियो रिलीज भइल

Govinda-at-GulabTheaterजफर कमाल फिल्मस के बैनर तले बनल निर्माता मेंहदी हसन आ लेखक-निर्देशक कमर हाजीपुरी के भोजपुरी फिलिम “गुलाब थियेटर” के ऑडियो पिछला दिने विरार के विधायक क्षितिज कुमार साई उत्सव के मंच पर जारी कइलन, एह मौका पर मुख्य अतिथि गोविन्दा, मलाड के विधायक असलम शेख, हितेन्द्र ठाकुर, अभिनेता विनय आनंद, निर्माता मेंहदी हसन, लेखक-निर्देशक कमर हाजीपुरी वगैरह लोग मौजूद रहल. आर्या म्यूजिक कंपनी ओहिजा मौजुद सगरी मेहमान आ कलाकारन के आडियो सी.डी. भेंट कइलसि. फिलिम के नायक विनय आनंद मौजूद दर्शकन के मनोरंजन कइले आ “गुलाब थियेटर” फिलिम के सिनेमाघर जा के देखे के अपील कइलें.

’गुलाब थियेटर’ में थियेटर से जुड़ल कलाकारन के जिनिगी के दर्द देखावल गइल बा. फिलिम आठ मार्च से बिहार में रिलीज होखे वाली बा.


(समरजीत)

1 Comment

  1. ajay mishra bihari putr

    May ak love story film likhunga par mera likha huwa story jarur pasand kara jega ye hakikat hai

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।