’धरती के लाल’ के शानदार म्यूजिकल लॉंचिग
-

Pawan-Aksharaप्रसाद फिल्म इंटरप्राइजेस के बैनर तले बने जात ’धरती के लाल’ के शानदार म्यूजिकल लाँचिग पिछला दिने मुंबई के ट्रिनिटी साउण्ड स्टूडियो में पवन सिंह के गावल रोमांटिक गीत रिकार्ड कर के कइल गइल. संगीतकार राजेश गुप्ता विनय बिहारी के लिखल रोमांटिक गीत के पवन सिंह के आवाज़ में संगीतबद्ध कइलें. निर्माता हउवें उदय शंकर आ लेखक-निर्देशक कुमार विकल.

एह मौका पर निर्देशक कुमार विकल बतवले कि ’धरती के लाल’ आम भोजपुरी फिलिमन से बहुते अलग होखी. एहमें देखावल जाई कि भारत के सभ्यता संस्कृति से प्यार करे वाली एगो युवती थाईलैण्ड से हिन्दुस्तान घुमे आवत बिया त एहिजा कुछ अनेरियन का चंगुल में फस जात बिया. फेर फिलिम के नायक अपना जान पर खेल के ओकरा के सुरक्षित थाइलैण्ड वापस भेजत बा.

पेशा से डॉक्टर उदय शंकर एह फिलिम के निर्माता बाड़ें आ ई उनकर बनावल पहिला फिलिम होखी. बतवले कि फिलिम के थीम उनुका रुचल त एह पर फिलिम बनावे क फैसला कर लिहलन. एह फिलिम में भारतीय सभ्यता आ संस्कृति के एगो बढ़िया तस्वीर पेश करे के इरादा वा उनकर.

कलाकारन में पवन सिंह, अक्षरा सिंह आ सचित कुमार मुख्य भूमिका में बाड़ें, अउरी कलाकारन आ तकनीशियन के चुनल जात बा. शूटिंग मई महीना में बोध गया, नालंदा आ राजगीर में करावल जाई.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..