गोरखपुर फिल्म फेस्टिवल

जन संस्कृति मंच आजु शुक का दिन से तीन दिन ले चले वाला आठवाँ गोरखपुर फिल्म फेस्टिवल के शुरुआत कइलसि. एह फिल्मोत्सव में सामाजिक सरोकार से जुड़ल दर्जन भर फिलिम आ डाक्यूमेंटरी देखावल जइहें स. संयोजक डा. चंद्रभूषण अंकुर, गोरखपुर फिल्म सोसाइटी के संयोजक मनोज कुमार सिंह, जन संस्कृति मंच के स्थानीय संयोजक अशोक चौधरी, नितेन अग्रवाल आ मनीष चौबे हउवें.

फेस्टिवल के आयोजन गोरखपुर के गोकुल अतिथि भवन में कइल जात बा. उद्घाटन चर्चित फिल्मकार संजय काक करीहें आ फिल्म स्कालर ललिथा गोपालन आ फिल्म संपादक तरुण भारतीय समेत अनेके फिल्मकार मौजूद रहीहें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।