– डॉ. कमल किशोर सिंह

बहे बड़ी बिमल बयरिया हो रामा ,
चल बइठे के बहरिया .
पोर,पोर टूटेला गतरिया हो रामा ,
मन लागे ना भीतरिया .

रतिया के रमनीय चइत के  चंदनिया ,
बाहरे बिछाव सेजरिया हो रामा ,
सूतऽ तानी के चदरिया .

सांझ सबेर नीक लागे सिहरावन ,
आलस जगावे दुपहरिया हो रामा ,
चल बइठे के छहरिया.

कोमल किसलय में फुदुके चिरैया ,
झाँकेली झरोखा से बहुरिया हो रामा ,
जैसे झांपि के नजरिया .

टहनी प आइल टूसवा टिकोरवा,
प्रकृति लागेली लोरकरिया हो रामा ,
झूमी गावेली सोहरिया .

लागे सिरगरम दरिया सगरावा,
छपकेली सजल सुंदरिया हो रामा ,
चल पानी के किनरिया.


डा॰कमल किशोर सिंह के अंजोरिया पर पहिले के रचना

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..