चौधरी कन्हैया प्रसाद सिंह के निधन


बहुत दुख के साथ बतावे पड़त बा कि भोजपुरी के मशहूर साहित्यकार चौधरी कन्हैया प्रसाद सिंह के निधन ब्रेन हेमरेेज का चलते पिछला बियफे का रात एगाारह बजे का लगभग हो गइल. ब्रेन हेमरेज का बाद पटना ले जाए का राहे में कन्हैया बाबू के निधन हो गइल. भोजपुर जिला के पियरो निवासी कन्हैया बाबू के उमिर लगभग 76 बरीस रहुवे.

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन से ताउम्र जुडल रहल चौधरी कन्हैया प्रसाद सिंह के रचना भोजपुरी के हर विधा में मौजूद बा आ दर्जनो किताब प्रकाशित बाड़ी सँ.

चौधरी कन्हैया प्रसाद सिंह के निधन के समाचार सुन के भोजपुरी साहित्य जगत के बहुते दुख चहुँपल आ सभे उहाँ के आपन सरधांजलि देत बा.

3 Comments

  1. amritanshuom

    दुःखी मन से श्रद्धांजलि।।।।।।

  2. रामरक्षा मिश्र विमल

    अभी-अभी ई समाचार पढ़लीं हा.ई का हो गइल?चौधरी जी के अभी ना जाएके रहल हा.अभी उहाॅसे ढेर उमेदि रहल हा.भोजपुरी के एगो बहुत बड़ समर्पित व्यक्तित्व चलि गइल.अपूरणीय क्षति.भगवान उहाॅका आत्मा के शांति दिहीं.

  3. indravidyavachaspatitiwari

    भोजपुरिका डाट काम पर चैधरी कन्हैया प्रसाद के निधन के समाचार से बहुत दुख भईल और इ महसूसली की निधन से भईल खाली पन के भरे में हमनीका असमर्थ बानी जा भगवान उहां के आत्मा के शांति देसु अउर उहां के संबंधीयन के येह दुख से उबरे के शक्ति देसु।

Leave a Reply to amritanshuom

Your email address will not be published. Required fields are marked *