छठ पर रिलीज होखी पवन सिंह के दू गो फिलिम

भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह के दू गो फिलिम बिहार के महान लोकपर्व छठ पूजा का मौका पर रिलीज भइल. ई रहली सँ पवन सिंह के ‘‘इंसाफ’’ आ ‘‘ट्रक ड्राईवर’’. मशहूर निर्माता अभय सिन्हा निर्मित आ अजय श्रीवास्तव निर्देशित ‘‘इंसाफ’’ में पवन गाँव के मुखिया बनल बाड़न आ उनुकर दु गो नायिका बाड़ी उर्वशी चौधरी आ कृषा खंडेलवाल. चर्चित निर्माता-निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के फिल्म ‘‘ट्रक ड्राईवर’’ में पवन सिंह ‘‘ट्रक ड्राईवर’’ के माथ भूमिका में बाड़न आ उनुकर नायिका बनल बाड़ी नई तारिका अंजना सिंह आ रीतिका शर्मा.

पवन के कहना बा कि दुनु फिलिमन के छठ पूजा पर टकराइल महज एगो संजोग बा. दुनु में दू तरह के भूमिका बा आ दुनु हिट होखे के पूरा उमेद बा. बतावत चलीं कि एह साल पवन सिंह के ‘‘लड़ाई लऽ अंखिया ऐ लौंडे राजा’’, ‘‘गुंडईराज’ आ ‘जंग’ बॉक्स ऑफिस पर धमाल मचा चुकल बाड़ी सँ.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. NAVJOT KARN

    Pawan singh jee ka jo film aa raha hai us ke baarey mein yahi kahunga ki unki film hit ho aur darshak ko pasand aaye.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।