छपरा जेपी विश्वविद्यालय में विजिलेंस के छापा


रजिस्ट्रेशन सेक्शन में घंटन चलल फाइलन के जांच. हाईकोर्ट के निर्देश पर शुक का दिने पड़ल विश्वविद्यालय में छापा. संबद्ध कॉलेजन में अनुदान वितरण में भइल गड़बड़ी के दोषी के गिरफ्तारी ना भइलो से नाराज बावे हाई कोर्ट.
श्रीधर दास देवरहा बाबा श्रीधर दास डिग्री महाविद्यालय के तीन गो छात्र हाईकोर्ट में गोहार लगवले बाड़ें कि पास हो गइला का बादो ओह लोग के मार्क्स शीट नइखे देत विश्वविद्यालय. एही गोहार प अदालत केस दर्ज करे के आदेश दिहले बिया. छापेमारी का बाद विजिलेंस डीएसपी कामैद प्रसाद अउर पीएन सिंह तीनों छात्रन के कागजात जब्त क के ले गइल. एहिजा से निकल के टीम डीबीएसडी कॉलेज कदना में जाके ओकरा प्राचार्य, कर्मी आ छात्रनो से पूछताछ कइलसि.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..