जबरदस्त एक्शन से भरल फिल्म ‘बजरंग’

गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के फिल्म ‘बजरंग’ ले के भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह आ निर्माता जे.पी. सिंह समेत फिल्म के पूरा टीमे गजब का उत्साह में बा. एह में पवन सिंह आ अक्षरा सिंह के जोड़ी दर्शकन के दिलजीत ली. जबरदस्त एक्शन भरल एह फिल्म के निर्देशक हउवे नंद किशोर महतो आ सहयोगी निर्माता पिंटू सिंह. बजरंग के पहिला कापी निकल चुकल बा आ फिल्म जल्दिये सभका सोझा होखी.

खूबसूरत आ वास्तविक लोकेशन पर शूट भइल एह फिल्म में पवन सिंह गजब के स्टंट कइले बाड़न. एगो सीन में ऊ तीस फुट के नाला पर मोटर साइकिल से छलांग लगा दिहले. एह स्टंट के खुद कइले पवन सिंह आ शूटिंग का बेरा सभकर साँस टँगा गइल रहुवे. बाकिर जब शानदार तरीका से पवन सिंह ऊ सीन कर दिहले सभे ताली बजावे लागल.

फिल्म ‘बजरंग’ के गीत जहांगीर आरजू, मुन्ना दूबे आ विनोद पासवान के, संगीत ओम झा के, एक्शन डायक्शन जग्गू सेठ, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के, आ कहानी संतोष मिश्रा के लिखल बा. भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन खलनायक संजय पांडे के रौद्र रूप दर्शकन के साँस रोक दीहि. जय सिंह, उमेश सिंह आ देव सिंह का अलावे एह में मास्टर वरुणो सिंह के लाजवाब जलवा देखे के मिले वाला बा. डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के मदमस्त कर देबे वाला डांस ब्लास्टो बा एहमें


(शशिकांत सिहं रंजन सिन्हा के रपट से)

2 Comments

  1. Ankit rai

    Sir i am a bhojpuri singer and acter.sir i want to do work in bhojpuri movie.plz contact me 09958603642,09015197570

  2. pawan giri

    pawan bhaiya parnaam ham bhaiya rauar bara fan hai bhaiya ham rauaar jaisan banaal chaatani baki ta kismat or thawewali maiya ke haat me ba m.no.8699130749 pls halp me

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *