फिल्म जगत दिहलसि रूबी सिंह के श्रद्धांजलि
-

सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल अभिनेत्री रूबी सिंह के श्रद्धांजलि देबे खातिर मुंबई के एच वी पी एस इंटरनेशनल स्कूल ओशिवरा में एगो प्रार्थना सभा के आयोजन भइल. एह मौका पर भोजपुरी फिल्म जगत से जुड़ल के.के.गोस्वामी, अजीत आनंद, जय सिंह, पत्रकार आ फिल्म निर्माता आदित्य दुबे, कल्पना शाह, सुजीत पूरी, श्यामली श्रीवास्तव, अरविन्द चौबे, मनोज श्रीपति, गायक आलोक कुमार, जय प्रकाश सिंह, सोनिया मिश्रा, गीतकार राजेश मिश्रा, संगीतकार छोटे बाबा, गायक मुकेश समेत फिल्म जगत के कई लोग मौजूद रहल.

एह मौका पर बड़का सितारन के गैर मौजूदगी पर सवाल उठावल गइल कि ओह लोग के अपना एगो सहकर्मी खातिर समय नइखे.

पिछला १० फरवरी के रूबी सिंह अपना गोरेगांव वाला डेरा में आत्महत्या कर लिहले रहुवी.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts