"जान लेबू का हो" के शानदार मुहूर्त

“रखेला शान भोजपुरिया जवान” आ “इज्जत” के बाद भोजपुरी फिल्म निर्माता कम्पनी मिथिला टाकीज आपन अगिला पेशकश “जान लेबू का हो” के तइयारी में लाग गइल बिया. पिछला दिने एह फिलिम के शानदार म्यूजिकल मुहूर्त भइल. मुहुर्त पर पवन सिंह, मोनालिसा, प्रतिभा पाण्डेय, निर्माता मनोज कुमार चौधरी, कार्यकारी निर्माता प्रमोद कुमार चौधरी, निर्देशक राजू, बृजेश त्रिपाठी समेत भोजपुरी के अनेके नामचीन लोग मौजूद रहल.

एह फिलिम में पवन सिंह आ मोनालिसा लीड रोल में आ साथ में मनोज टाइगर, बृजेश त्रिपाठी, माया यादव आ आनंद मोहन के खास भूमिका बा, कथा पटकथा अउर संवाद मनोज सिंह टाइगर लिखले बाड़न आ म्यूजिक दिहले बाड़े खुद पवन सिंह.

निर्देशक राजू बतवलन कि एह रोमांटिक फिलिम के शूटिंग दिसम्बर में शुरू होखी.


(स्पेस क्रिएटीव मीडिया)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..