जेपी विश्वविद्यालय कुलपति का मुँह पर करीखा पोताइल

राजद के छात्र संगठन पिछला बियफे कादिने जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति के मुंह पर करीखा पोत दिहलें. कुलसचिवो का मुँह पर करीखा लगावल गइल. राजद के ई छात्र कार्यकर्ता माँग करत रहलें कि छात्र संघ के चुनाव करावल जाव, कॉलेज में शिक्षकन के वैकल्पिक व्यवस्था कइल जाव आ विश्वविद्यालय परिसर में जेपी के मूर्ति लगावल जाव. एह लइकन के नेतृत्व विवि अध्यक्ष सुशील कुमार डब्लू करत रहलें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।