Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, अतवार, २७ जून

नीतीश भागवत कथा सुने अश्विनी का घरे गइले

बिहार के जदयू भाजपा गठबन्हन बनल रही एकर संकेत एहसे मिलल कि नीतीश अश्विनी चौबे का घर पर आयोजित भागवत कथा सुने गइले, सुशील मोदी फेर से विकास यात्रा में चले लगले, आ डा॰सी॰पी॰ठाकुर नीतीश का आवास पर जा के एक घंटा ले गुफ्तगू कइले. बाद में डाक्टर साहब बतवले कि जदयू पुरान दोस्त हऽ आ दोस्तन का बीच कबो कबो मनमुटावो हो जाले. अब चुनाव का साल में एह मनमुटाव के कबले ढोवल जाव?

हिन्दू धर्म पर गलत टिप्पणी कइला पर चार गो मंत्रियन पर मुकदमा

हिन्दू धर्मपर नाजायज टिप्पणी करे का आरोप में यूपी के बसपा मंत्री नसीमुद्दीन, स्वामी प्रसाद मौर्या, बाबू सिंह कुशवाहा, आ दद्दू प्रसाद समेत प्रकाशित पत्रिका के संपादक, ब्यूरो प्रमुख, लेखक समेत कुल नौ जने पर अदालत के आदेश से मुकदमा दर्ज करके विवेचना के काम हो रहल बा. ई लोग रामायण, हिन्दूवन के तैंतीस करोड़ देवी देवता, हिन्दू धर्म ग्रंथन, आ चतुर्वर्णी व्यवस्था का खिलाफ असभ्य टिप्पणी कइले रहले जवना का खिलाफ राधेश्याम वर्मा नाम ले एगो याची मुकदमा कइले बाड़न.

पांच लोग के पकड़ के यातना देबे का आरोप में पांच गो बदमाश गिरफ्तार

धन वर्षा के लालच दे के बनारस के कबीर नगर में रहे वाला समीर धवन मध्यप्रदेश के एगो व्यापारी के बनारस बोलवलसि. कहलस कि अपना पंडितो के अपना साथे लिअवले अइहऽ. ओह लोग का साथ में तीन आदमी अउरी अइले. सबक लालच रहुवे कि धनवर्षा यज्ञ के कमाई में हिस्सा मिली. बाकिर बनारस चहुँपला पर धवन कहलसि कि कवनो धनवर्षा नइखे होखे वाला. तू ही लोग अपना मुक्ति खातिर पन्द्रह लाख रुपिया द लोग. ओकरा बादपांचो के खूब यातना दिहलस आ दू गो के छोड़लस कि जा लोग रुपिया ले के आवऽ त बाकी तीन गो के छोड़ब. सूचना पा के पुलिस चहुँपल आ बनारस के एह ठग के ओकरा चार गो साथियन का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि.

दिल्ली में फेर भइल बलात्कार

देश के सबले बदनाम शहर दिल्ली में दू गो विदेशी पर्यटकन का साथे सामूहिक बलात्कार के मामिला सामने आइल बा. ई महिला नीदरलैण्ड से आइल रहली सँ आ दिल्ली में दू गो काश्मीरी युवक अपना के टूरिस्ट गाइड आ सरकारी टूरिस्ट एजेन्सी के कर्मचारी बता के ओकनी का मदद का नाम पर बेवकूफ बना के ओकनी के यौन शौषण कइले सँ. यासिर अल्ताफ आ उमर बक्तू नाम के ई बदमाश दुनू लड़कियन के काश्मीर घुमावे ले गइले सँ आ ओहिजे डरा धमका के संबंध बना लिहले सँ. तबसे ओकनी का पाछा पड़ल रहले सँ आ ओकनी के लाखो रुपियो लूट लिहले बाड़न सँ.

चिदम्बरम का सामने भारत के झण्डा के अपमान भइल

पाकिस्तान के गृहमंत्री से भेंट करे गइल चिदम्बरम के अउर कुछ हासिल भइल भा ना बाकिर उनका सोझा भारत के झण्डा के अपमान जरुर हो गइल. चिदम्बरम एह पर ध्यान दिहले त ओकरा के सीधा कइल गइल. पाकिस्तान एकरा पहिलहू ई काम कर चुकल बा. तब जब राष्ट्रपति मुशर्रफ भारत आइल रहले त उनको जहाज पर भारत के झंडा उल्टा लगावल गइल रहुवे आ ध्यान दिअवला का बाद सीधा कइल गइल.

न्यूक्लियर सप्लायर ग्रुप के बईठक चीन पाकिस्तान परमाणु सहयोग पर चुप

न्यूजीलैण्ड में भइल न्यूक्लियर सप्लायर ग्रुप के बईठका चीन पाकिस्तान का बीचे भइल परमाणु सहयोग समझौता पर बिना कुछ कहले खतम हो गइल. समरथ के नहीं दोष गुसाईं. भारत खातिर संतोष के बात अतने रहल कि ग्रुप एहसे संतुष्ट बुझाइल कि भारत परमाणु मामिला में बढ़िया व्यवहार कर रहल बा आ मौखिक आश्वासन दिहले बा.

सरकार के आम जनता के विरोध के कवनो चिन्ता नइखे

केन्द्र सरकार साफ कर दिहलसि कि लोग के विरोध का बावजूद पेट्रोलियम पदार्थन के मूल्य नियन्त्रण से मुक्त करे का फैसला में कवनो बदलाव ना ले आई आ ना ही कवनो हालत में दाम कम करी. अब कर लऽ लोग जवन कइल चाहऽ तोहार बात सरकार का ठेंगा पर! सरकार के सहयोगीओ दल कहे खातिर त विरोध करत बाड़े बाकिर ओहू लोग का दस्तखत रहे ओह कैबिनेट फैसला पर. एहसे एकरा के दोगली राजनीतिए कहल जा सकेला. या त विरोध करऽ भा समर्थन, दुनु कइसे करबऽ?

दोसरा के मराठी पढ़ावेवाला के आपन बेटा अंग्रेजी में पढ़ेला

मराठी मराठी चिल्लाए वाला मानुष राज ठाकरे के बेटा अमित ठाकरे अंग्रेजी माध्यम का स्कूल से आपन पढ़ाई कइलसि. ठाकरे के पूरा परिवार के बच्चा अंगरेजिए माध्यम से पढ़ेले. अब इहो देखल जाव कि राज ठाकरे के बेटा अब कालेज में कवन माध्यम चुनत बा? ऊ लड़िका रूइया कालेज से मास मीडिया में स्नातक कइल चाहत बा आ ओहिजा दुनु माध्यम से पढ़ावल जाला. राज ठाकरे एह पर नइखन बोलत कि उनकर बेटो मराठीए में पढ़ी.

लमहर जाये वाली गाड़ियन में शुरु से अन्त ले एके टीटी ना रही

रेलवे के अब पता चलल बा कि लमहर जाये वाली गाड़ियन के टीटीई अलगे रैकेट चलावेले आ पाकिट में पइसा राख के यात्रियन के गेट पार करा देले. एहसे रेलवे फैसला कइले बा कि कवनो टीटी के शुरु से अन्त ले ड्यूटी ना दिहल जाई. एहसे अतने अन्तर पड़ी कि कमाई दू गो टीटियन मे बँटा जाई टीटी त ईमानदार बने से रहले. बनारस कैण्ट के टीटी त सीधे गुण्डागर्दी करेले आ टिकट रहला का बादो सवारियन के धमका के पइसा वसूले ले. काल्हुवे एगो सवारी नाजायज पइसा ना दिहलस त ओकरा के बेल्ट से पिटाई कर दिहलस जमालुद्दीन टीटी. बाद में ओकरा के गिरफ्तार कर लिहल गइल बाकिर टीटी यूनियन ओकरा के छोड़ावे खातिर दबाव बनवले बा.

खेल का दुनिया से

शरद पवार अब आईसीसी के अध्यक्ष बन जइहें. आ ऊ दुसरका हिन्दुस्तानी होखिहे जे एह पद पर बइठी. एहसे पहिले जगमोहन डालमिया आईसीसी के अध्यक्ष बन रहले. शरद पवार एक जुलाई के आपन पदभार लीहें. काल्हु का नाकआउट मैचन में गाना अमेरिका के हरा दिहलस आ उरुग्वे दक्षिण कोरिया के. आजु मैक्सिको आ अर्जेण्टिना का बीच आ इंगलैण्ड आ जर्मनी का बीच होखे वाला बा.

0 Comments