Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, बियफे, ८ जुलाई

दस साल में पहिला बेर काश्मीर में सेना के मार्च करे के पड़ल

काश्मीर के अलगाववादियन का बहकावा में आइल काश्मीरियन का उत्पात का मारे काश्मीर घाटी में कई जगहा कर्फ्यू लगाव के पड़ल बाकिर ओकनी के उत्पात कम ना भइल. मजबूरन सरकार के ओहिजा सेना के बोलावे के पड़ल आ अब सेना काश्मीर घाटी में जगहे जगहे मार्च कर रहल बिया. केन्द्रीय गृहमंत्री पीसी चिदम्बरम सभका के चेतवले बाड़न कि अपना लड़िकन के घर में सम्हार के राखऽ लोग. बाहर निकल के उत्पात करीहें सँ त परिणाम खराब होखी. केन्द्र इहो कहले बा कि जबले जरुरी बुझाई तबले सेना ओहिजा रही.

छत्तीसगढ़, झारखण्ड, आ उड़ीसा में नक्सली उत्पात

अपना ४८ घंटा का भारत बंद का दौरान नक्सली उत्पाती छत्तीसगढ़, झारखण्ड, आ उड़ीसा में आफत बरसावत बाड़न स. छत्तीसगढ़ का दांतेवाड़ा में एगो कांग्रेसी नेता का घर पर हमला कर के दू आदमी के जान ले लिहले बाड़न स आ दू जने गम्हीराह घवाहिल भइल बाड़े. कुकोन्डा थानो पर हमला कइले बाड़न स. पुलिस छह गो नक्सलियन के मार गिरावे के दावा कइले बिया बाकिर ओकरा लगे देखावे खातिर कवनो लाश नइखे. उड़ीसा के केवनझार में एगो थाना आ एगो वनविभअग कार्यालय पर हमला कइले बाड़न स. झारखण्ड में हेहेगरा रेलवे स्टेशन पर हमला भइल बा.

पारिवारिक दरिंदगी के रोके खातिर केन्द्र सरकार कानून बनावल चाहत बिया

बाकिर हर बात के वोट में होखे वाला नफा आ नुकसान से तोले का आदत का चलते मंत्रिमण्डल में एह बात पर सहमति नइखे बन पावत. अब एगो मंत्रीसमूह बनावल गइल बा जवन पारिवारिक दरिंदगी का चलते होखे वाला मौतन के रोके खातिर करे वाला उपाय पर विचार करी आ राज्य सरकारनो के विचार जाने के कोशिश करी. एक विचार इहो बा कि जवन पंचायत अइसनका आदेश देव ओह पूरा पंचायत के हत्या के मुख्यारोपी मानल जाव आ ओह लोग के फाँसी तक के सजाय दिआवे खातिर कानून में संशोधन कइल जाव.

पूर्वांचल में सूखा ओने पश्चिमी यूपी में बाढ़ के खतरा

मानसून पुर्वांचल ले महटिया के आगा बढ़ गइल आ एहिजा के लोग बरखा खातिर तरसत बा. धान के बिया तक नइखे पड़ सकल काहे कि लेव लगावे लायक बरखे ना भइल. ओने यमुना नदी में पानी का बढ़ला का चलते पश्चिमी यूपी दस गो जिलन में बाढ़ के खतरा के चेतावनी दिहल गइल बा.मौसम विभाग अबहियो उमेरद लगवले बा कि दू तीन दिन में पूर्वांचलो में बरखा होखे लागी.

आलाकमान का मर्जी का खिलाफ जगन के दौरा चालू बा

कांग्रेस के आलाकमान आंध्र के पूर्व मुख्यमंत्री राज शेखर रेड्डी के बेटा जगन मोहन रेड्डी अपना पिता का जनम दिन का मौका पर राज्य में तीन दिन के दौरा करत बाड़े. दौरा के पहिलका दिने फलकनुमा एक्सप्रेस से इच्छापुरम जिला में चहुँपला पर उनकर भव्य स्वागत भइल. ऊ दू जगहा अपना पिता के मूर्तियन के उद्घाटनो कइले. अब देखल जाव आलाकमान उनकर का बिगाड़ लेत बा.

कानपुर आईआईटी के उपग्रह जल्दिये अन्तरिक्ष में

कानपुर आईआईटी के बनावल उपग्रह जुगनू के इसरो के वैज्ञानिक परीक्षण का बाद अंतरिक्ष में भेजे के सलाह दे दिहले. पहिला बेर एह माइक्रोसेटेलाइट के भारतीय तकनीक से अंतरिक्ष में स्थापित करावल जाई. पहिले कनाडा के तकनीक इस्तेमाल होत रहल हा जवना खातिर ओकरा वैज्ञानिक के बोला के ओकर सेवा लेबे के पड़त रहुवे. अब ओकर जरुरत ना पड़ी. एह सेटेलाइट के वजन बहुते कम बा आ ई दिन भर में धरती के चौदह पन्द्रह चक्कर लगाई. एह दौरान ऊ रोजाना कानपुर आईआईटी के नियन्त्रण केन्द्र का संपर्क में आवल करी. जुगनू के काम खेती बाढ़, गंगा नदी के बहाव के दिशा वगैरह के जानकारी दिहल रही.

पूर्व विधायक कपिलदेव के हत्यारा समर्पण कइले सँ

मऊ के पूर्व विधायक कपिलदेव आ उनका ड्राइवर के दिन दहाड़ा हत्या करे के आरोप लखनऊ का मानवाधिकार आयोग में जस्टिस विष्णु सहाय का सोझा दू गो युक सकार लिहले. कहले सँ कि पुलिस ओकनी का पाछा पड़ल बिया आ फर्जी मुठभेड़ देखा के मार दी. ओहमें से एगो अंकुर राय बतवलसि कि साल २००१ में कपिलदेव ओकरा बाप रामदरस राय के जान ले लिहले रहले आ ओकरे बदला लेबे खातिर ऊ ई हत्या कइलस.

छोटहन बात पर पटना बीएन कालेज में बवाल

बीएन कालेज के एगो छात्र राहुल का मोटर साइकिल से एगो दसरा छात्र के चोट लाग गइल. बात बढ़ल त राहुल ओकरा के पीट दिहलसि. राहुल का साथे दूगो ओकर दोस्तो रहले सँ. पिटाई खात छात्र हल्ला मचवलसि त होस्टल से निकल के आइल छात्र राहुल आ ओकरा दुनु साथियन के जम से धोआई कर दिहले. बाद में पुलिस चहुंपल आ पूरा होस्टल के तलाशी लिहलस बाकिर कवनो गैरकानूनी सामान ना मिलल. बवाल करे वाला छात्र पहिलही भाग चुकल रहले.

रामविलास पासवान के केन्द्र में मंत्री बने के बात महज एगो अफवाह

लोजपा का तरफ से सफाई दिहल गइल बा कि रामविलास पासवान केन्द्रीय मंत्रीमण्डल में शामिल नइखन होखत. ऊ राज्यसभा में सरकार का विरोध में बईठिहन. इहो कहल गइल बा कि लोजपा के कांग्रेस का साथे कवनो तरह के गठबन्धन अबही नइखे भइल आ ई सब र्यूमर स्प्रेडिंग सोसाइटी आर एसएस के काम हऽ.

खेल का दुनिया से

फीफा वरल्ड कप के मैचन के परिणाम बतावे में एगो आक्टोपस अतना सही साबित हो रहल बा कि कुछ लोग ओकरा के आकल्टोपस बाबा कहे लागल बाड़न. अपना एक्वेरियम में ऊ दू गो बक्सा में जवना पर बइठ जाला तवना के जीत हो जाला. अबही ऊ एको बेर गलत साबित नइखे भइल. काल्हुओ का सेमी फाइनल में ऊ स्पेन के बक्सा चुनलस त जापान के टीम आ समर्थक एह बात के माने के तइयार ना भइलन बाकिर अन्त में परिणाम उहे निकलल आ स्पेन जर्मनी के एक गोल से हरा दिहलस. अब फाइनल में स्पेन आ हालैण्ड का बीच मुकाबिला होखी. देखल जाव ओह दिन आक्टोपस बाबा का कहत बाड़े. सट्टेबाजी करे वाला लोग आक्टोपस बाबा पर नजर राखो.

0 Comments