Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, शनिचर, २६ जून

पेट्रोलियम दाम पर से सरकारी नियन्त्रण हटला का बाद विरोध के दौर शुरु

सरकार काल्हु पेट्रोलियम पदार्थन के दाम पर से आपन नियन्त्रण हटावे के एलान कर दिहलस जवना का बाद पेट्रोल के दाम पचास रुपया आ कहीं कहीं छप्पन रुपिया का उपर चल गइल. एह फैसला के हर विपक्षी दल आलोचना कर रहल बा कि एकरा से महँगाई के एगो नया दौर शुरु हो जाई. किरासन तेल के दाम में तीन रुपया प्रति लीटर के बढ़ोतरी के गरीब आदमी का साथे अन्याय त रसोई गैस में पैंतीस रुपया प्रति सिलिण्डर के बढ़ोतरी के मध्य वर्ग का खिलाफ बतावल जा रहल बा. आजु कई जगहा विरोध प्रदर्शन भइल बा.

सबविका वापसी के माँग के सेना प्रमुख आलोचना कइले

भारतीय थल सेना के चीफ जनरल वीके सिंह कहले बाड़े कि जे लोग सशस्त्र बल विशेषाधिकार कानून के वापसी के माँग कर रहल बा से अपना निहित राजनीतिक स्वार्थ खातिर. ओह लोग के सबविका का बारे में गलतफहमी बा. कहलन कि विषम हालात मेंकाम करत सैनिक आ सुरक्षा बलन के कानूनी सुरक्षा दिहल जरुरी बा. अगर एह कानून के कमजोर कइल गइल भा वापिस लिहल गइल त एहसे सुरक्षा बल के आपन काम करे मे कठिनाई होखी. अतना जान लिहला का बाद आराम से कहल जा सकेला कि केन्द्र सरकार जल्दिये एह कानून में कुछ ना कुछ बदलाव जरुर करी.

अपराधियन के पकड़ल पुलिस खातिर मुसीबत बनल

ओनर किलिंग का नाम पर दरंदगी देखावे वाला दिल्ली का तीन गो कातिलन के गाजियाबाद पुलिस गिरफ्तार कर लिहलस. सुचना मिलते दिल्ली पुलिस ओकनी के अपना गिरफ्त में लेबे खातिर चल दिहलस बाकिर जब मालूम भइल कि यूपी पुलिस एह गिरफ्तारियन के सार्वजनिक कर दिहले बिया त दिल्ली पुलिस तुरते वापिस हो गइल आ कहलस कि गिरफ्तार कइले बाड़ऽ लोग त तूही लोग निबटऽ. इहाँ तक कि ऊ दिल्ली पुलिस एफआइआर के कापियो ना दिहलस. एकरा बाद गाजिया बाद पुलिस फेर में पड़ गइल कि कवना आरोप में ओकनी के गिरफ्तारी देखावल जाव त पुलिसिया विशेषाधिकार के इस्तेमाल करत ओकनी के कार चोरी का संदेह में गिरफ्तारी देखा के जेल भेज दिहलस. वाह दिल्ली पुलिस! वाहवाही लूटे खातिर अतना बेचैनी?

भतार ले के अलगा रही, मुखिया जी कहिन

दिल्ली के एगो अदालत एगो आदमी के आदेश दिहले बिया कि तिस दिन का भीतर अठारह लाख रुपिया दाम के मकान अपना मेहरारू का नाम पर खरीदऽ आ ओहमे ओकरा साथे रहऽ ना त जेल भेज दिहल जइब. ओह औरत के कहना बा कि ओकरा सुसराल वाले ओकरा के दहेझ खातिर तंग करत बाड़न आ ऊ एके घर में ना रह सकी. एही पर अदालत अइसन फैसला सुनवले बिया. एह फैसला का बाद भतार ले के अलगा रहे वाली औरतन के एगो नया बल मिल जाई. कवन चाही अपना सास ससुर देवर ननद का साथे रहे के? अपना कमासुत भतार का साथे अलगा काहे ना रही? ओकरा एह बात से का मतलब कि ओकरा भतार के कमासुत के बनावल?

बस आ ट्रक का टक्कर में डेढ़ दर्जन के जान गइल

आजु सबेरे पटना से गया जात एगो खचाखच भरल बस जवना में कुछ लोग छतो पर बइठल रहुवे, चेनारी मोड़ पर सामने से आवत एगो ट्रक से टकरा के पलटि गइल आ डेढ़ दर्जन सवारियन के मौत हो गइल. करीब दू दर्जन सवारियन के गंभीर हालत में अस्पताल भेजल गइल बा जवना में आधा दर्जन से बेसी लोग के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा. डैमेज्ड बस में अबही कुछ अउर लाश फँसल होखे के अनेसा बा. मृतकन के परिवार खातिर पचास पचास हजार के अनुग्रह राशि के एलान सरकार कइले बिया.

न्यूक्लियर सप्लायर ग्रुप का बयान पर संतोष आ असंतोष दुनु

न्यूजीलैण्ड में हो रहल न्यूक्लियर सप्लायर ग्रुप का बयान में भारत का साथे असैनिक परमाणु सहयोग के संभावना का बात पर भारत संतोष जाहिर कइले बा बाकिर ओकरा इहो मलाल बा कि पाकिस्तान चीन का बीचे होखे वाला समझौता के जिक्र बयान में नइखे. चीन अपना समझौता के साल २००४ वाला समझौता के विस्तार बतवले बा जब ऊ एह सप्लायर ग्रुप के सदस्य ना रहुवे.

मुंबई में एगो माडल खुदकुशी कइलसि

मुंबई का बान्द्रा इलाका में एगो फ्लैट में सुपर माडल विवेका बाबजी के लाश पंखा से लटकल मिलल बा. बतावल जात बा कि एह माडल के बिलगाव हाल ही में अपना दोस्त से हो गइल रहे आ कहल जा रहल बा कि शायद ओही दुख में ऊ जान दिहले बिया. पुलिस का हाथे कवनो सुबूत नइखे लागल एहसे फाइल बन्द करे में ई अन्दाजा काम के साबित होखी.

पेट्रोलियम उत्पादन का दाम पर से नियन्त्रण हटला से कुछ फायदो बा

पेट्रोलियम उत्पादन पर से मूल्य नियन्त्रण खतम हो गइला का बाद निजी कंपनी आपन पंप फेर से शुरु करे जा रहल बाड़ी सँ. अब ओह कंपनियन के आजादी बा कि प्रतियोगी दाम पर आपन पेट्रोल डीजल बेच सकीहे सँ. सरकारीओ कंपनी अपना घाटा के पाटे खातिर दाम ढेर कम ना कर पइहें.

एक दिन का बरखा का बाद उमस आ गरमी कड़क के लवटल

एकदिन के बरखा कव दिन ले राहत देव? अब त गरमी का साथे उमसो जिनिगी मुहाल कर दिहले बा. आसमान में फेर दूर दूर ले कहीं बदरी नइखे लउकत. मानसून आवे में अबहीं हफ्ता से बेसी के देर बतावल जात बा.

खेल का दुनिया से

श्रीलंका का साथे होखे वाला टेस्ट सीरीज में वीरेन्द्र सहवाग आ राहुल द्रविड़ के वापसी हो गइल बा. टेस्ट खातिर घोषित १६ सदस्यीय टीम में ओहू लोग के नाम शामिल बा. भारत के टेनिस खिलाड़ी सायना नेहवाल इंडोनेशिया सुपर सीरीज का सेमीफाइनल में इरोको हिरास के मात्र २७ मिनट का खेल में हरा के फाइनल में चहुँप गइल बाड़ी. जहाँ ऊ जापान के खिलाड़ी सयाका सातो से मुकाबिला करीहे. फीफा वर्ल्ड कप में काल्हु का खेल में पुर्तगाल आ ब्राजील बराबरी पर रहले आ दुनु अपना ग्रुप से अगिला दौर में चहुँप गइले. आइवरी कोस्ट नार्थ कोरिया के तीन शून्य से हरवाला का बावजूद टूर्नामेंट से बाहर हो गइल. उत्तर कोरिया के पहिलही बाहर गइल तय रहुवे. चिली के दू एक से हरा के स्पेन अगिला दौर में चहुँप गइल. आ स्विट्जरलैण्ड होन्डुरास के मैच गोल रहित बराबरी पर छूटल. दुनु टीम बाहर हो गइल बाड़ी सँ. आजु से नाकआउट दौर शुरु हो रहल बा. आजु उरुग्वे के दक्षिण कोरिया से आ अमेरिका के मैच घाना से होखे वाला बा.

0 Comments