टटका खबर

(मंगल 20 सितम्बर)

  • आजु जिउतिया व्रत ह जवना में महतारी अपना संतान खातिर दिन भर निराहार निर्जला उपास करीहें आ काल्हु भोरे पारन करीहे.
  • पहिले मुसलमान, फेर गरीब सवर्ण आ अब जाट समुदाय के आरक्षण के सिफारिश कइली मायावती.
  • काल्हु दिन भर अफवाह उड़त रह गइल कि झारखंड में एगो सड़क दुर्घटना में भोजपुरी अभिनेता आ लोकगायक पवन सिंह के मौत हो गइल बा. खबर एकदमे गलत रहे.
  • चैम्पियंस लीग ट्वेंटी-20 टूर्नामेंट के क्वीलफाईंग मुकाबिला में सोमार का दिने कोलकाता नाइट राइर्ड्स टीम न्यूजीलैंड के ऑकलैंड टीम के दू रन से आ वेस्टइंडीज के त्रिनिदाद अउर टोबैगो टीम श्रीलंका के रुहुना राइनोज टीम के पांच विकेट से हरा दिहलसि.
  • विश्व हिंदू परिषद कहले बिया कि श्रीराम जन्मभूमि पर भव्य मंदिर बनावे का राह में आवे वाली न्यायिक बाधा दूर करे खातिर 30 सितम्बर के देशभर में एक साथ सामूहिक हनुमान चालीसा पाठ करावल जाई.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।