Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर 13 सितंबर 2014

टटका भारत


गोरक्षनाथ मंदिर के बड़का महंत अवेद्यनाथ जी गोलोकवासी हो गइनी. शुक का साँझ 97 साल का उमिर में गुड़गांव के मेदांता अस्पताल में उहाँ के मौत हो गइल. महंत अवेद्यनाथ योगी आदित्यनाथ के राजनीतिको गुरू रहनी. गोरखपुर से चार बेर सांसद रहल महंत अवेद्यनाथ के जनम 28 मई 1921 का दिने भइल रहे.

सारधा चिट फंड घोटाला में माकपा सीधे ममता बनर्जी पर आरोप लगवले बिया कि एह घोटाला के मुख्य सूत्रधार उहे रही. सारधा चिट फंड घोटाला में केन्द्रीय जांच ब्यूरो का ओर से तृणमूल कांग्रेस के सांसदन से होत कडा पूछताछ का विरोध में पार्टी के महिला मोर्चा के धरना दुसरको दिने जारी रहल.

जम्मू कश्मीर के मुद्दा पर ब्रिटेन के संसद में चलल गरमागरम बहस में भारत के पक्ष लेबे वाला सांसद अइसन अइसन तर्क दिहलें जवना के जबाब केहू का लगे ना रहल. आखिरकार ब्रिटेन सरकार के माने पड़ल कि कश्मीर पर कवनो तिसर के दखल ना सकारल जा सके.

दिल्ली महिला आयोग के अध्यक्षा बरखा सिंह मांग कइले बाड़ी कि मुस्लिम औरतन के हिंदू औरतन जइसन बरोबरी के अधिकार दिआवे खातिर मुस्लिम पर्सनल ला के बदले के चाहीं.

केरल के मछुआरन के हत्या के आरोपी दू गो इतालवी सैनिकन में से एगो के बेमारी का चलते चार महीना ला इटली लवटे के इजाजत दिहलसि सुप्रीम कोर्ट.

भारत के मंगलयान के सगरी प्रणालियां बढ़िया से आ लगातार काम करत बाड़ी सँ. एकरा 24 सितंबर के मंगल ग्रह का कक्षा में घुसे के बा.

छत्तीसगढ सरकार एलान कइले बिया कि नक्सलवादियन के केन्द्रीय कमेटी के सचिव स्तर के नक्सली के समर्पण करे, ओकरा के मार गिरावे भा गिरफ्तार करावे खातिर एक करोड रूपिया के इनाम दीहल जाई.

केंद्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह शुक का दिने कहल कि जम्मू कश्मीर से सेना आ आपदा प्रबंधन टीम के लोग नाहियो त 1,30,000 लोगन के बचा के सुरक्षित जगहा चहुँपवले बिया.

शुक का दिने दिल्ली विश्वविद्यालय आ जेएनयू में छात्र संघन के चुनाव खातिर वोट पड़ल. जेएनयू के रिजल्ट सोमार का दिने आ दिल्ली के रिजल्ट आजुए आई

विदेश मंत्री सुषमा स्वराज बिहार में नालंदा विश्वविद्यालय के औपचारिक उद्घाटन 19 सितंबर के करीहें.

भाजपा के पश्चिम बंगाल इकाई सारधा चिट फंट घोटाला में तृणमूल कांग्रेस के सांसदन के नाम अइला का नाम पर राज्यपाल के ज्ञापन साैंप के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के इस्तीफा मांगी.


टटका बिहार


चारा घोटाला के एगो दोषी त्रिपुरारी मोहन प्रसाद के पहिले से जब्त सगरी 18 फ्लैटन के नीलाम कर दिहल गइल. ई खाली फ्लैट पटना के सगुना मोड़ इलाका में वसी कुंज कॉम्प्लेक्स में बाड़ी सँ.

वैशाली जिला में बहाल शिक्षकन के प्रमाणपत्रन के जांच का बाद फर्जी प्रमाणपत्र जमा क के नौकरी पावे वाला 241 लोग के बर्खास्त कर दिहल गइल बा.

गया का वजीरगंज में सड़क बनावे वाला कंपनी के मशीन तूड़ ताड़ करे वाला नक्सलियन में से एगो के ध के गाँव वाले अतना पीटलें कि ओकर मौत हो गइल.

पटना आ अगल बगल का इलाका में भोरे से बदरी छवले बा. कुछ जगहा हल्का फुल्का बरखा होखे के उमेद बा.

बिहार में भुलाइल रेलगाड़ी काल्हु बियफे का दिने दोसरा रेल मंडल में मिल गइल. दोसरा रूट में गइला का चलते पैसेंजर पहिलही उतर गइल रहले आ ड्राइवरो गाड़ी खड़ा क के केहू के बतवलसि ना. एह मामिला में कवनो केस दर्ज नइखे भइल बाकिर विभाग कार्रवाई करत बा.

बिहार के बकवादी मुख्यमंत्री जीतन माँझी के एगो अउर बकवादी बयान सामने आइल बा जवना में उ कहले बाड़न कि घूस खाहीं के बा त अपने खाईं दोसरा के मत खियाईं. ई सलाह ऊ पूर्णिया जिला के वनमनखी में विकास मित्रन के देत कहलें.


टटका यूपी


यूपी का बिजनौर में बम बनावत घरी ब्लास्ट हो गइला से एगो आतंकी झँउसल.

उत्तर प्रदेश में काल्हु होखे जात एगो लोकसभा आ 11 गो विधानसभा सीट के उपचुनाव में से करीब करीब सीधा मुकाबला सपा आ भाजपा में होखे जात बा. बसपा लड़त नइखे आ कांग्रेस के कवनो हवा नइखे लउकत कतहीं.

आजमगढ के मेहनाजपुर इलाका में एगो आदमी अपना बेटा के मदद लेत अपना मेहरारू के गड़ाँसा से काट के हत्या क दिहलसि. बेटा धरा गइल बा बाकिर बाप फरार बा.

गाजीपुर जिला के गहमर इलाका में बियफे का दिने एगो आदमी अपना मेहरारू आ दू गो साला पर तेजाब फेंक दिहलसि.

लखनऊ आ अगल बगल के इलाका मे सबेरे से रुक-रुक के बरखा होखल. बलियो में दिन भर बरखा बदरी लागले रहल. उत्तर प्रदेश में बियफे का दिन भइल बरखा का दौरान ठनका गिरला से नाहियो त 14 लोग के मौत हो गइल आ दस जने झँउस गइले.


टटका विदेश


पाकिस्तान में पोलियो के तीन गो अउरी नया मामिला मिलल बा. तीनो मामिला खैबर इलाका से मिलल बा.

सीरिया सरकार के कहना बा कि ओकरा देा में आतंकवादी संगठन इस्लामिक स्टेट का खिलाफ हवाई हमला करे के अमेरिकी योजना के सीरिया पर हमला मानल जाई.


टटका बिजनेस


भारतीय रिजर्व बैंक शुक का दिने रुपिया के दाम डॉलर का मुकाबले 60.84 रुपिया तय कइलसि जवब बियफे का दिने 60.91 रुपिया रहल.

बियफे का दिने ओपेक के कच्चे तेल के दाम 95.35 डॉलर प्रति बैरल रहल जवन बुध का दिने 95.93 डॉलर प्रति बैरल रहवे.

प्रधानमंत्री जन धन योजना से देश में अगिला पांच साल में 50 हजार से अधिका बैंक शाखा नया खुले आ बीमा अउर गैर बैंकिंग वित्तीय कम्पनियन के कारोबार बढला से अगिला दस बरीस में 20 लाख नया रोजगार के मौका बनी.

देश के विदेशी मुद्रा भंडार 05 सितंबर के खतम भइल हप्ता में एक अरब 32 करोड़ डालर घटके 317.31 अरब डालर रह गइल. एकरा पिछला हप्ता में ई भंडार 318.64 अरब डालर के रहल.

विदेशी बाजारन में नरमी का चलते शुक का दिने सोना में 190 रूपिया प्रति दस ग्राम आ चांदी में 650 रूपये प्रतिकिलो के कमी भइल.

चालू वित्त वर्ष में अप्रैल से अगस्त के दौरान पांच महीना में अप्रत्यक्ष कर संग्रह 4.6 प्रतिशत बढके एक लाख 94 हजार 492 करोड रूपिया हो गइल.

शुक का दिने पिछला तीन दिन से शेयर बाजार में चलल आवत गिरावट थम गइल आ सेंसेक्स फेरू 27 हजार से उपर बंद भइल.

गलत तरीका से भइल कोयला ब्लॉक आवँटन का मामिला में उच्चतम न्यायालय बिजली आ स्पांज आयरन उत्पादक कंपनियन के पक्ष दुबारा सुने से मना क दिहलसि.

कोयला घोटाला मामिला के सुनवाई करत विशेष अदालत सीबीआई के फटकार लगावत पूछलसि कि उद्योगपति कुमार मंगलम बिरला आ कुछ अउरी लोगन का खिलाफ के मामिला में क्लोजर रिपोर्ट फाइल करे के हड़बड़ी काहे ला रहुवे.

लार्सन एंड टुब्रो आ ओकरा सहायक कंपनी एलएमबी के सरकारी बिजली उत्पादन कंपनी एनटीपीसी से 1,885 करोड़ रुपिया के ठेका मिलल बा.


टटका खेल


भारत के युकी भाम्बरी डेविस कप वर्ल्ड ग्रुप के प्लेऑफ मुकाबला के पहिलके दिन शुक के आपन पहिला एकल मैच सर्बिया के दुसान लाजोविक से हार गइलन.

यूएस ओपन में मिश्रित युगल के खिताब जीते वाली टेनिस स्टार सानिया मिर्जा शुक का दिने राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से शिष्टाचार भेंट कइली.

अंतरराष्ट्रीय कैरम महासंघ 13 से 17 सितम्बर ले मालदीव के माले में चउथका विश्व कप कैरम टूर्नामेंट के आयोजन करे जात बा जवना में 17 गो देश के टीम शामिल होखी. रहा है जिसमें महासंघ से जुडे 17 देश भाग लेंगे


दिन भर के खबर स्थायी रूप से सिलसिलेवार तरीका से टटका खबर पर मिलल करी. भोजपुरिका पर ओह खबर का बाद मिले वाला खबर मौजूद रही जवन बाद में टटका खबर पर स्थायी रूप से रहे चल जाई. टटको में टटका तबहिंए ले जबले उ टटका बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *