Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर : 8 सितंबर 2014

टटका यूपी


बलिया में सवा लाख रुपिया के जाली नोट का साथे सहतवार के बिनहा गाँव के रविन्द्र सिंह के गिरफ्तार क लिहल गइल बा.

गाजीपुर का औड़ीहार कला में बसपा नेता के अविनाश राम के गरदन काट के हत्या क दिहल बा. घटना शनिचर के रात के ह जब उ गाँवे के एगो दुकान का बहरी सूतल रहलें.

केन्द्र सरकार अब यूपी के 13 जिला में मनरेगा ना चलाई काहे कि ई जिला पिछड़ा नइखे. एहमें कानपुर, वाराणसी, भदोही, मऊ वगैरह जिला शामिल बाड़ी सँ.

केन्द्र क बिजली आ कोयला मंत्री पीयुष गोयल के कहना बा कि राज्य में बिजली के खराब हाल ला एहिजा के सरकार जिम्मेदार बिया जेकरा लगे समयो नइखे एह बारे में केन्द्र से बात करे के. कहलन कि देश में पिछला तीन महीना में बिजली उत्पादन में एकइस फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा.

13 सितंबर के होखे वाला विधानसभा के तेरह गो सीट आ मैनपुरी लोकसभा सीट उपचुनाव खातिर प्रचार के काम तेज हो गइल बा. मैनपुरी सीट मुलायम सिंह यादव ला मान सम्मान के सीट ह आ एहिजा से उ अपना परिवारे के तेजप्रताप सिंह यादव के खड़ा कइले बाड़न. याद करीं कि पिछला चुनाव में सपा के सगरी उम्मीदवार हार गइल रहलें बस मुलायम परिवार के पाँच जने के छोड़ के.

जैव विविधता के जानकारी करावे ला निकलल रेलगाड़ी सा‌इन्स एक्सप्रेस आजु गाजीपुर टीसन चहुँपी जहँवा जिलाधिकारी एकरा प्रदर्शन के उद्घाटन करीहें. एहिजा 11 सितबर ले गाड़ी खड़ा रही.

बस्ती जिला के परसाजाफर गाँव का नियरा अतवार का भोर में एगो कार के पीछे से ट्रक धक्का मार दिहलसि जवना से कार पर सवार दू जने के मौत हो गइल आ एक जने के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. ई लोग गोरखपुर से इलाहाबाद जात रहल.


टटका बिहार


सारन जिला के रिविलगंज के विजय राय टोला के चौदह से सोलह बरीस के उमिर के तीन गो लड़िकी अनंत चतुर्दशी पूजा खातिर घाघरा में नहाए का दौरान डूब गइली सँ. तीनो के मौत हो गइल.

गया में सोमार से शुरू होखे वाला पितरपख मेला ला तइयारी तेजी से होखत बा. मेला के उद्घाटन मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी करीहेें जे पिछला दिने अपना अनेके बयानन से चरचा में बाड़ें.

सिवान जिला के मैरवा बाजार में अतवार का दिने दू गो पटीदार परिवार का बीच जमीन के झगड़ा ले के भइल मारपीट में तीन गो मेहरारू घवाहिल हो गइल बाडी सँ.


टटका भारत


जम्मू कश्मीर के हवाई दौरा क के हालात देखला का बाद प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी एकरा के राष्ट्रीय आपदा बतावत एक हजार करोड़ रुपिया से अधिका के सहायता के एलान कइले. कहलन कि पीड़ित लोग के हर संभव राहत दिहल जाई. पाकिस्तान के कब्जा वाला गुलाम कश्मीर खातिर सहायता के पेशकश कइलन बाकिर पाकिस्तान सरकार तुरते एकरा के मना के कर दिहलसि.

वैष्णो देवी यात्रा काल्हु चउथको दिने बन्द रहल आ तब ले शुरू ना होखी जब ले हालात सुधर नइखे जात.

भारतीय जनता पार्टी अध्‍यक्ष अमित शाह पश्चिम बंगाल के अपना चुनावी दौरा में ममता बनर्जी सरकार पर आरोप लगावत कहलन कि एह सरकार का दौरान बंगलादेशी घुसपैठियन के गिनिती पॅचगुना हो गइल बा. सारधा चिटफंड के घोटाला के चरचा करत कहलन कि मामिला के जाँच होखत बा आ केहू के ना छोड़ला जाई. जान लीं कि एह मामिला के आँच खुद ममता बनर्जी का दुआरे ले पहुँच गइल बा.

पिछला हप्ता के शेयर कारोबार में विदेशी निवेश नौ हजार करोड़ रुपिया भइल बा.


टटका खेल


विराट के बढ़िया बल्लेबाजी का बावजूद बीसबीसा मैच में भारत के तीन रन से हरा दिहलसि इंगलैंड.

लगातार तिसरका यूएस ओपन टेनिस जीत लिहले बाड़ी सेरेना विलियम्स. काल्हु रात सेरेना डेनमार्क के कैरोलिन वोज्नियाज्की के फाइनल में हरा दिहली.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *