ट्रेन से कटा के एहो नवही के मौत

सारण जिला में एकमा टीसन का लगे आजु एगो नवही के ट्रेन से कटला से मौत हो गइल.
रेल पुलिस से पता चलल कि छपरा सिवान रेल खंड पर एकमा टीसन का लगे रेल पटरी पार करत एगो नवही कटिहार से अमृतसर जात आम्रपाली एक्सप्रेस से कटा गइल आ ठाँवे पर ओकर मौत हो गइल. एह हादसा का बाद कुछ देर ले एह रेल खंड पर गाड़ियन के परिचालन बाधित भइल.
मरल नवही के नाम धनंजय बतावत जात बा जे एकमे के रहल, पुलिस लाश कब्जा में ले के पोस्टमार्टम ला भेज दिहले बिया.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।