डा॰ आशारानी लाल के कहानी संग्रह “लाज लागेला” के विमोचन

Vimochan-ARL
पिछला 10 मई 2015 का दिने दिल्ली के जेएनयू में भोजपुरी के महिला कथाकार डा॰ आशा रानी लाल के कहानी संग्रह “लाज लागेला” के विमोचन डा॰ नामवर सिंह, डा॰ मेनेजर पाण्डेय, डा॰ सचिदानंद सिन्हा आ लेखिका डा॰ आशा रानी लाल के हाथे भइल.

एह मौका पर अनेके विद्वतगण के उपस्थिति रहुवे. एही कहानी संग्रह में शामिल एगो कहानी “उरिन हो गइनी” के नाटक का रूप में मंचनो भइल. रंगश्री संस्था भोजपुरी के प्रसिद्ध रंगकर्मी महेंद्र प्रसाद सिंह के निर्देशन में बनावल एह पन्द्रह मिनट के नाटक देखि सभकर आँख लोरिया गइल. बहुते मार्मिक प्रस्तुति रहुवे जवन सभका मरम के छू लिहलसि.

कार्यक्रम के सफल आयोजन ला रंगश्री टीम खास क के अखिलेश जी के हार्दिक बधाई देत भोजपुरी संस्कृति मंच के अध्यक्ष विनय भूषण जी धन्यवाद ज्ञापन कइनी.


LaajLaagela

लाज- लागेला (कथा कहानी)

लेखक – डॉ आशा रानी लाल
प्रथम संस्करण – 2015

अतुल्य पब्लिकेशन्स

7/25, महावीर गली, अंसारी रोड
दरिया गंज, नई दिल्ली -110002
(भारत)
दूरभाष : 011- 43540888
atulyabpublications@hotmail.com

1 Comment

  1. amritanshuom

    आशा रानी जी के बहुत -बहुत बधाई आ शुभकामना …

Leave a Reply to amritanshuom

Your email address will not be published. Required fields are marked *