दंगा करवला से बढ़िया मर गइल समुझेले आजम खाँ

मुजफ्फरनगर मे पिछला दिने भइल दंगा ले के एगो खबरिया चैनल अपना स्टिंग आपरेशन में आजम खाँ के नाम अइला का बाद राजनीति तेज हो गइल बा. विपक्ष आजम खाँ पर मुकदमा दर्ज करावे के माँग करत बा त संसदीय कार्यमंत्री मोहम्मद आजम खां के कहना बा कि उनकर नाम साजिशन लिहल गइल बा. कहलन कि उ साफ सुथर जिनिगी बसर करेलें आ उनका राजनीतिक कैरियर पर दाग लगावे के कोशिश होखत बा.

आजम खाँ के कहना बा कि जिला के टेलीफोन काल्स डिटेल से पता चल जाई कि ऊ कवनो फोन नइखन कइले. हो सकेला उनुका नाम से दोसर केहू कइले होखे त ओकरा ला आजम के दोषी कइसे ठहरावल जा सकेला. इहो कहलन कि अबहीं आग में पानी डाले के समय बा आ पेट्रोल छिड़काए के काम ना होखे के चाहीं. कहलन कि एह तरह जीयला से बढ़िया मर गइल समुझीहें.

आजु एही बात के लेके विधानसभा में जम के हंगामा भइल आ विधानसभा के कुछ देर ला स्थगित करे के पड़ल.

आजु विधानसभा में चरखारी सीट से विधायक उमा भारती ओ सदन मे मौजूद रहली.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *