ददरी मेला के जमीन पर भूमाफियन के लागल बा गिद्धनजर

बलिया। ऐतिहासिक ददरी मेला जहंवा लागेला ओहि जमीन पर भूमाफियन के गिद्धजनर लागि गइल बा। प्रशासन के रोकला के बादो एहि इलाका में मकानन के बनावल जारी बा। एहि मामिला में नगरपालिको उदासीन बाटे। खाली जवले मेला रहे तब ले निर्माण  के काम बन्द रहल बाकी फेरू बहुत लोग अपना काम में लागि गइल बा आ एहि ओर के जमीन खूबे मंहगा बिकाति बा ओ लोग बिना नकसा पास करववले घर बनावे लागल बा। नगरपालिका आ प्रशासन के लोगन के एहि ओर धियान दीहल बहुत जरूरी बा नाही त आगे आवे वाला साल में ददरी मेला के लागे के जगहियो ना मिली।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।