दाऊद इब्राहिम के भोजपुरिया लुक

अण्डर वर्ल्ड डॉन दाऊद इब्राहिम के भूमिका निभावल भलही दोसरा केहु खातिर टेढ़ खीर होखो, सिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार विनय आनंद बहुते खूबसूरती से दाऊद इब्राहिम के किरदार करत बाड़न. फिल्म ‘खूनी दंगल’ में जेही विनय आनंद के दाऊद लुक में देखत बा ओकरा लागत बा कि ऊ दाउदे के देखत बा.

अंडरवर्ल्ड डॉन दाऊद इब्राहीम अउर छोटा राजन के दुश्मनी पर बनत भोजपुरी फिल्म ‘खूली दंगल’ खातिर विनय आनंद के बहुते मेहनत करे के पड़त बा, फिल्म के निर्माता हउवन संजय कुमार आ निर्देशक श्रीधर शेट्टी. विनय आनन्द के जब मालूम भइल कि उनुका एह फिलिम में दाऊद के किरदार करे के बा त पहिले त चउँकले बाकिर फेर तइयार हो गइलन करे खातिर.

फिल्म के शूटिंग महाराष्ट्र के जालना शहर में चलत बा. निर्माता संजय कुमार के कहना बा कि एह फिलिम का जरिये ऊ ई बतावल चाहत बाड़न कि अगर ई दुनु दुश्मन दोस्त हो जासु त देश कतना आगा बढ़ी. कहानी महिला कथाकार सबा मुस्तफा लिखले बाड़ी. मकबूल फिल्म्स के बैनर तले बनत एह ‘खूनी दंगल’ में अपना भूमिका पर विनय आनंद कहलन कि उनुका निर्देशक पर पूरा भरोसा बा. फिल्म के प्रस्तुत करीहें कुमार दिवाकर.

मुख्य कलाकारन में विनय आनंद, सुदीप पांडे, दिव्याश्री, अपूर्वा, रोहित सिंह मटरू अउर उदय श्रीवास्तव शामिल बाड़े.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।