दामिनी : एगो औरत के संघर्ष गाथा

भारत नेपाल का सीमा वाला इलाका में एगो गाँव जहवाँ काली पाण्डे नाम के माफिया के दबदबा बा. ओहि गाँव में अपना मामा मामी का साथ दामिनी नाम के एगो लड़की रहत बिया जवना पर काली पाण्डे के नजर गड़ जात बा आ ऊ ओकरा से शादी कइल चाहत बा. ओकरा चाल में दामिनी के मामा मामीओ आ जात बाड़े आ दामिनी के मजबूर कइल चाहत बाड़े काली से शादी करे के. बेचारी दामिनीमजबूरन अपना मामा का घर से बाग परा तिया. रास्ता में ओकरा के काली के भाई गोकुल पकड़ लेत बा. ओकरा से कृष्णा दामिनी के छोड़ावत बा आ अपना घरे ले जात बा आ अपना महतारी बाप आ बहिन से मिलवावत बा. दुनु का बीचे प्यार पनप जात बा आ दुनु के शादी हो जात बा. हँसी खुशी बितावत जिनिगी पर पता ना कब काली पाण्डे छाया फेर पड़ जात बा. काली पाण्डे अपना भाई आ लोकल विधायक का सहयोग से कृष्णा आ ओकरा बहिन के तबाह कर देत बा, दामिनी मजबूर होके फेर आत्महत्या के कोशिश करत बिया बाकिर अबकी अर्जुन नाम के युवक ओकरा के बचा लेत बा.

Vinay Anand and Rani Chatterjee in Bhojpuri Film Damini

अर्जुन दामिनी के समुझावत बा कि जिनिगी से बागऽ मत, काली पाण्डे के मुकाबिला करऽ, ओकरा से अपना पति के तबाह बरबाद करे के बदला लऽ. बाकिर का दामिनी ई कर पावत बिया? का ऊ बदला लेबे में सफल हो जात बिया? का काली पाण्डे के अत्याचारन के अन्त हो पावत बा? आ ई अर्जुन के हऽ आ काहे दामिनी के मदद कइल चाहत बा?

इ सब जाने बुझे खातिर रउरा विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल का बैनर में निर्माता डा॰ सुनील कुमार के बनावल फिल्म दामिनी देखे के पड़ी जवना के अनिल कुमार प्रस्तुत कर रह बाड़े. निर्देशन मनोज नारायण, गीत संगीत श्याम देहाती, छायाकार राजू राम प्रधान हउवें. फिल्म के मुख्य कलाकारन में विनय आनन्द, रानी चटर्जी, विराज भट्ट, रेखा, शाहबाज खान, नारायण प्रसाद, रश्मि, उषा पौडियाल, आ स्वाति वर्मा के नाम बा. फिल्म में तेरह गो गाना बाड़ी सँ जवना के कुमार शानू, विनोद राठौड़, रजनीश, इन्दू सोनाली, साधना सरगम, कल्पना, गुड्डू रंगीला, आ अलका याज्ञनिक का आवाज में रिकार्ड करावल गइल बा.


(स्रोत : रंजन सिन्हा )

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।