दिल्ली में गूंजल अलगा राज्यन के माँग

भारत में छोट छोट राज्यन के माँग करे वाला कई राज्यन के प्रतिनिधि एकसाथे मिलके एगो नेशनल फेडरेशन बना लिहले जवना के नाम राखल गइल बा “नेशनल फेडरेशन फॉर न्यू स्टेट्स”. पिछला दिने दिल्ली के कन्स्टिच्यूशनल क्लब में एह संस्था के बैनर तर आन्ध्र प्रदेश से तेलंगाना, बंगाल से गोरखा, महाराष्ट्र से विदर्भ, आ उत्तर प्रदेश से बुंदेलखंड, ब्रज प्रदेश, अवध आ पूर्वांचल के प्रतिनिधि एक साथे मिल के आपन आपन अलग राज्य के माँग के आवाज मिल जुल के बुलंद कइल.

एह बइठक में तेलंगाना से पी निरुप रेड्डी, गोरखा से मनीष गतांक आ दिल कुमारी भंडारी (पूर्व सांसद , विदर्भ से विधायक अनिल, बुंदेलखंड से राजा बुंदेला, ब्रज प्रदेश से डा०. के.एस.राना, दुर्ग विजय सिंह भईया, अशोक शर्मा, अवध से मार्कंडेय प्रसाद सिंह आ पूर्वांचल से डा०.संजयन त्रिपाठी, अशोक चौबे, मनोज भावुक आ कुलदीप श्रीवास्तव के प्रतिनिधित्व में सैकड़ों बुद्धिजीवी, समाजसेवी, साहित्यकार, कलाकार आ पत्रकार शामिल भइले आ आपन आपन राय रखलें.


(स्रोत – कुलदीप श्रीवास्तव)

1 Comment

  1. abhay pratap singh

    dekhaee det ba ki aagaj aesan ba t anjam kaisan hoee…
    bhagwan ee logan ke sadbuddhi desh….
    hamara bujhata ki ee pagalan ke aur kono kam naikhe…. ka
    aps

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।