दिल्ली सरकार छठपूजा पर छूट्टी के एलान करी

आजु दिल्ली में भाजपा के पूर्वांचल सम्मेलन भइल जवना में पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष रहल आ दिल्ली विधानसभा चुनाव प्रभारी नितिन गडकरी शामिल भइलन. सम्मेलन के संबोधत करत नितिन गडकरी कहलन कि पिछला दसेक साल से दिल्ली में रहे वाला पूर्वांचली छठ पूजा पर छूट्टी माँगत आइल बाड़न बाकिर दिल्ली के कांग्रेस सरकार के ई मंजूर नइखे. बाकिर भाजपा के सरकार बनते एह छूट्टी के एलान कर दी दिल्ली सरकार.
दिल्ली भाजपा अध्यक्ष विजय गोयल, दिल्ली चुनाव सह प्रभारी नवजोत सिंह सिद्धू, दिल्ली विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष विजय कुमार मल्होत्रा आ प्रदेश अध्यक्ष विजय गोयलो एह मौका पर आपन बात कहलें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।