‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’ के रिकॉर्ड व्यवसाय

सिनेमा भोजपुरी के नयका स्टार खेसारी लाल यादव के ‘दिल ले गईल ओढ़निया वाली’ सगरी बिहार में शानदार बिजनेस कइला का बाद अब मुंबई, पंजाब आ दिल्ली-यू. पी. में रिकॉर्ड व्यवसाय करे में लागल बिया. बालाजी सिनेविजन प्रा. लि. प्रस्तुत आ पप्पू भाई, राजेश सिंह अउर संजय कानूगा के बनावल ई फिलिम मुंबई में पहिला हफ्ता में 25,00,000/- रूपये के नेट बिजनेस कर देखवलसि. भिवंडी, कुर्ला समेत दर्जनभर सिनेमाघरन में फिलिम के दुसरका हफ्ता चलत बा. पंजाब के जालंधर अउर यू. पी. के बलिया, मऊ, आ बड़हल गंज में फिलिम रिकॉर्ड बिजनेस दर्ज करवलसि.

अरविंद चौबे निर्देशित एह फिल्म में खेसारी लाल यादव, अंजना सिंह, शशि मोहन, प्रिया कपूर, आशा शर्मा, प्रिया पाण्डेय, बालेश्वर सिंह, रजनीश झांजी, मनोज टाईगर, जसवंत जैसवाल आ सीमा सिंह के खास भूमिका बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।