खुश बाड़ी स्मृति सिन्हा
-

भोजपुरी के चमकत अदाकारा स्मृति सिन्हा आजुकाल्हु बहुते खुश बाड़ी आ होखसु काहे ना ? पिछला दिने रिलीज उनुकर तीनो फिलिम ‘‘साजन चले ससुराल’’, ‘‘देवरा पे मनवा डोले’’ आ ‘‘सौंगन्ध गंगा मईया के’’ बॉक्स ऑफिस पर हिट साबित भइली सँ. स्मृति अबही भोजपुरी के सगरी बड़का निर्माता-निर्देशक आ अभिनेतन संगे काम करत बाड़ी.

स्मृति बतावत बाड़ी कि उनुका खुशी के सबले बड़का कारण बा सबले सफल भोजपुरी फिल्म निर्माता आलोक कुमार संगे लगातार तीसरका फिलिम कइल. कहली कि आलोक जी उनुका के ‘‘साजन चले ससुराल’’ आ ‘‘देवरा पे मनवा डोले’’ जइसन बेहतरीन फिलिम दिहलें आ अब ऊ आलोक जी के ‘‘दूध का कर्ज’’ के शूटिंग करत बाड़ी.

स्मृति सिन्हा के खेसारी लाल संगे ‘‘लाल दुपट्टा मलमल का’’ आ विराज भट्ट संगे ‘‘अंतिम तांडव’’ प्रदर्शन खातिर तइयार बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts