दू गो महारथियन के महामुकाबला – "देख के" में


एगो भोजपुरिया चौपाल के भौकाल बाड़न, जिनकर ढिशुमो-ढिशुम दर्शकन के निहाल कर देले त दोसरा के मौजुदगी से छोटका परदा पर सनसनी पसर जाले. अपना-अपना फन के एह दुनु उस्ताद महारथियन के महामुकाबला जल्दिये भोजपुरिया परदा पर होखे जा रहल बा. “भौकाल के चौपाल” फेम अभिनेता निखिल राज आ छोटका परदा पर सनसनी पसरा देबे वाला श्रीवर्धन त्रिवेदी के मुकाबला फिलहारमोनिक एंटरटेनमेंट के पहिलका फिल्म “देख के” में होखे जात बा.

लेखक-निर्देशक निखिल राज के ई फिल्म भोजपुरी सिनेमा के लीक से हट के होई. एहमें भोजपुरी कल्चर आ तेवर के नया अंदाज़ अउर मिजाज़ का साथे पेश कइल जाई. निखिल राज के कहना बा कि “भोजपुरी सिनेमा अपना उद्देश्य से भटकल अपना संस्कृति अउर परंपरा से कटत जात बिया. हमार कोशिश रही कि दर्शकन के फेर से ओह मूल्यन से जोरल जाव जवन हमनी के पहिचान ह.”

निखिल राज आ श्रीवर्धन त्रिवेदी का अलावा एह फिल्म में जाकिर हुसैन, प्रकाश जैश, आ वंदना विश्वकर्मा अहम् रोल में रहीहें. फिल्म के शूटिंग बिहार के अलग-अलग लोकेशन पर शुरू हो गइल बा. उम्मीद कइल जाव कि ई फिल्म भोजपुरी दर्शकन के सिर के ताज बन जाव.


(स्रोत – स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *