गोण्डा जिला के खरगूपुर इलाका के रुपईडीह आ मझउवा के बीच नहर पर मछली मारे गइल रुपईडीह के रामसबद के दोसरा फरीक के लोग विरोध कइल. कहासुनी बाद में देशी हथगोला फोड़े तक पहुँचल आ रामसबंद के मौत हो गइल. आठ गो घवाहिलन के अस्पताल भेजाइल बा.
पुलिस एह मामिला में एक आदमी के गिरफ्तार कर लिहले बिया आ कुछ अउर लोग का तलाश में बिया.
(वार्ता)
0 Comments