(शनिचर, 12 नवंबर)
देश
- मध्य प्रदेश के मंदसौर जिला में श्रद्धालुओं से भरल एगो नाव शनिचर का दिने चंबल नदी में पलट गइल जवना से 13 लोग के मौत हो गइल. सगरी लाश बरामद हो गइल बा. मृतकन के परिजनन के एक-एक लाख रुपिया ले आर्थिक सहायता देबे के सरकारी एलान भइल बा.
- प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आजु पत्रकारन से बतियावत कहले कि अगर मुम्बई हमला जइसन घटना दोबारा होता त ई भारत पाकिस्तान संबंधन पर एगो गहिरा चोट होखी.
- एगो कार्यक्रम में जाये से इंकार कइला पर वरुण गाँधी पर बरेली में कुछ भाजपा कार्यकर्ता शनिचर का दिने करिया झंडा देखवले आ वरुण गाँधी का काफिला पर जूता फेंकले.
- गिलानी के नेवता सकारत मनमोहन सिंह कहले बाड़न कि अगर मिलला से कुछ खास होखे वाला होखी तबहिये पाकिस्तान जइहन.
- पन्ना राष्ट्रीय उद्यान में कान्हा राष्ट्रीय उद्यान से एगो बाघिन ले आवल जात बिया. बाघिन कान्हा से रवाना हो गइल बिया.
- गोवा मुक्ति के 50 साल पूरा होखला का उपलक्ष्य में विधानसभा में मध्यरात्रि के कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी के सम्भावित भाषण के भारतीय जनता पार्टी विरोध कइले बिया.
- शशि थरूर “द संडे इंडियन’ पत्रिका का खिलाफ 10 करोड़ रुपिया के मानहानि के मुकदमा दायर कइले बाड़े. पत्रिका एगो लेख में कहले रहल कि थरूर स्विस बैंकन में कालाधन जमा कइले बाड़न.
- शैक्षणिक अउर सांस्कृतिक सहयोग खातिर कलकत्ता विश्वविद्यालय स्कॉटलैंड के ग्लासगो विश्वविद्यालय का साथे एगो सहमति पत्र पर दस्तखत कइलसि.
- अगरतला हवाईअड्डा पर कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी के सहयोगी अनिल धनतोरी का बैग से पिस्तौल के गोली बरामद होखला के मामिला में त्रिपुरा पुलिस शनिचर के जांच शुरू कर दिहलसि.
- हिमाचल प्रदेश में पिछला दू दिन से होखत बर्फबारी का चलते तापमान नीचे चल गइल बा आ झील जमे लागल बाड़ी सँ.
- किरण बेदी के अधिका बिल का बारे में बोलत अरविंद केजरीवाल के बयान पर किरण बेदी कहले बाड़ी कि केजरीवाल के असल मुद्दा के समझ नइखे.
- रेल किराया बढ़ावे के संकेत दिहले रेलमंत्री. कहलन कि तत्काल सेवा के दुरुपयोग रोकल जाई. अब एके दिन पहिले तत्काल टिकट लिहल जा सकेला.
- दिल्ली में 13,000 शिक्षकन के नया बहाली होखी.
- पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी आम जनता से अपील कइली कि ऊ नक्सलियन से लड़े.
- कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी संसद सदस्य बी.एस. गणानंदेसिकन के तमिलनाडु में पार्टी के अध्यक्ष नियुक्त कर दिहली.
- भारत के ‘विश्व धरोहर समिति’ के चार वर्ष के कार्यकाल खातिर चुनल गइल बा. एह चुनाव में सबलेबेसी वोट जापान के मिलल आ भारत दूसरा नंबर पर रहल.
- मध्यप्रदेश लोकायुक्त के छापा में अफसरन के करोड़पति होखे के खुलासा भइल.
- ग्वालियर में कांग्रेस व भाजपा के कार्यकर्ता भिड़ले जवना से कई जने घवाहिल हो गइले.
- रक्षा मंत्री एंटोनी के कहना बा कि लड़ाकू विमान खरीदे में राजनीति ना होखे दिहल जाई.
- मुम्बई से मीडिया के एगो प्रतिनिधिमंडल पाकिस्तान के सद्भावना दौरा पर जाई.
- उत्तरी पश्चिम बंगाल के जलपाईगुड़ी इलाका में शुक का दिने भूकम्प के हल्का झटका महसूस भइल.
- युवक कांग्रेस के जिम्मेदारी से मुक्त कइल जाई राहुल गाँधी के. हवा उड़ल बा कि उनुका के कार्यकारी अध्यक्ष बनावल जाई.
- दलित नेता उदित राज कहले कि अन्ना आधा अधूरा मन से दलितन के समर्थन कइले.
- पूर्वी चम्पारण के पताही इलाका में एगो औरत के डायन बता के पीट के मुआ दिहल गइल.
दुनिया के खबर
- ईरान के राजधानी तेहरान के दक्षिण-पश्चिम में एगो सैन्य अड्डा पर शनिचर का दिने दू गो शक्तिशाली विस्फोट से कम से कम 15 लोग के मौत हो गइल.
- शुक के रात अमेरिका के राष्ट्रपति आवास का लगे एके 47 से गोलीबारी होखला के समाचार बा. अपराधी आपन गाड़ी छोड़ के फरार होखे में सफल रहल.
- पाकिस्तान का रावलपिंडी में एगो अदालत का भितरे कुछ हमलावर आजु शनिचर का दिने कम से कम चार गो विचाराधीन कैदियन के गोली मार के हत्या कर दिहले.
- हेलीकॉप्टर दुर्घटना में मेक्सिको के आंतरिक मंत्री फ्रांसिस्को ब्लैक मोरा का साथे सात गो दोसरो लोग के मौत हो गइल.
- दक्षेस शिखर सम्मेलन काल्हु शुक का दिने खतम हो गइल. आखिरी दिने कई गो समझौता पर दस्तखत भइल.
- ग्रीस में नयकी सरकार सत्ता सम्हार लिहलसि.
- अदन के खाड़ी में एगो भारतीय युद्धपोत बियफे का दिने मालवाहक जहाजन के लुटे के कोशिश नाकाम कर दिहलस आ पांच गो नाव पर सवार लुटेरन में से तीन नाव के 26 गो समुद्री लुटेरन के असलहा समेत गिरफ्तार कर लिहलसि.
व्यापार व्यवसाय के खबर
- कोल इंडिया के तिमाही शुद्ध लाभ में 74 फीसदी के बढ़ोतरी.
- किंगफिशर के बचाव में उतरले माल्या. पूछले कि भारी घाटा वाला राह पर उड़ान भरल का उनुका कंपनी के जिम्मेदारी हवे ? किंगफिशर के एही चलते नुकसान भइल बा.
- विमानन कम्पनी किंगफिशर, जेट एयरवेज आ स्पाइसजेट के नुकसान में अइला का खबर का बीच एसोसिएटेड चैम्बर्स ऑफ कॉमर्स एंड इंडस्ट्री ऑफ इंडिया के कहना बा कि विमान ईंधन पर टैक्स कम कइल जाव आ एह क्षेत्र में प्रत्यक्ष विदेशी निवेश आसान बनावल जाव.
- दिल्ली के प्रगति मैदान में सोमार से 31वां भारत अंतर्राष्ट्रीय व्यापार मेला के शुरुआत होखी जवना में लगभग 6,000 स्टॉल लगीहें सँ.
- भविष्य निधि आ पोस्ट ऑफिस में बचत खाता पर मिले वाला ब्याज बढ़ा दिहल गइल.
- कर्ज में डूबल किंगफिशर सरकार से त्राहिमाम कहलसि. कंपनी के लगे अतनो पइसा नइखे रहि गइल कि ऊ अपना जहाज के चक्का बदलवा सके.
- जेट एयरवेज के एह साल के दुसरका तिमाही में 713.60 करोड़ रुपिया के शुद्ध घाटा भइल बा.
- रिलायंस कैपिटल के शुद्ध आय 19 फीसदी बढ़ल.
- टाटा केमिकल्स केन्या में 10 करोड़ डॉलर के निवेश करी.
मनोरंजन का दुनिया से
- जानल-मानल नर्तक आ मराठी फिलिमन के नृत्य निर्देशक सुबल सरकार के लमहर बीमारी का बाद शनिचर का दिने 76 साल का उमिर में निधन हो गइल.
- बॉलीवुड के एक्शन अभिनेता सुनील शेट्टी आठ साल पहिले आपन निर्माण कम्पनी शुरू कइले बाकिर अब कहत बाड़न कि फिल्म बनावल बहुते मुश्किल वाला काम ह आ ई उनुका खातिर नइखे.
- बॉलीवुड अभिनेता जॉन अब्राहम फिल्म ‘देसी ब्वायज’ के निर्देशक रोहित धवन से शर्त लगवला का चलते एक रात मिनी वैन में गुजरलन.
खेल के खबर
- आस्ट्रेलिया के तटवर्ती शहर गोल्ड कोस्ट के राष्ट्रमंडल खेल-2018 के मेजबानी दिहल गइल बा.
- अंतर्राष्ट्रीय हॉकी महासंघ आजु कह दिहलसि कि अगिला फरवरी में होखे वाला ओलम्पिक क्वालीफायर टूर्नामेंट भारते में करावल जाई.
- लाल बहादुर शास्त्री महिला हॉकी टूर्नामेंट में जर्मनी चैम्पियन बनल आ भारत के तीसरा जगहा मिलल. दुसरका जगहा पर न्यूजीलैंड रहल.
- अगिला महीना होखे जा रहल वर्ल्ड सीरीज हॉकी के मुकाबला नई दिल्ली समेत देश के नौ शहरन में खेलल जाई.
- रणजी ट्रॉफी मैचन में पंजाब, कर्नाटक आ विदर्भ के जीत मिलल बा.
- कबड्डी विश्व कप में ब्रिटेन के हराके भारतीय महिला टीम फाइनल में चहुँपल.
- ईडन गार्डेन मैदान पर वेस्टइंडीज के पलड़ा भारी रहत आइल बा. अबले एहिजा खेलल नौ गो टेस्ट मैच में वेस्ट इंडीज एके बेर हारल बा आ तीन बेर जीतल बा.
- श्रीलंकाई क्रिकेट टीम के कप्तान तिलकरत्ने दिलशान पाकिस्तान से मिलल हार खातिर अपना बल्लेबाजन के जिम्मेदार बतवले.
- आस्ट्रेलिया के क्रिकेट कप्तान माइकल क्लार्क के उमेद बा कि दक्षिण अफ्रीका से मिलल हार से सबक लेत उनुकर टीम अगिला मैच में वापसी करी.
- पाकिस्तानी क्रिकेट टीम के कप्तान मिस्बाह उल हक के कहना बा कि हरफनमौला खिलाड़ी शाहिद अफरीदी फेरु साबित कर दिहलन कि ऊ मैच जिताऊ खिलाड़ी हउवें. पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड मोहसिन खान के बांग्लादेश श्रृंखला खातिर अंतरिम कोच बना के राष्ट्रीय टीम का साथे रखले बावे.
- केंद्रीय युवा मामिला आ खेल राज्य मंत्री अजय माकन क्रिकेट कोच रहल देशप्रेम आजाद के करीब साढ़े तीन लाख रुपिया के अनुग्रह राशि मंजूर कइलन.
- लाल बाहदुर शास्त्री अंडर-21 महिला हॉकी टूर्नामेंट के तीसरा दिने शुक के जर्मनी मेजबान भारत के 2-1 से हरा दिहलसि आ न्यूजीलैंड आस्ट्रेलिया के 3-2 का अंतर से.
- मैच प्रैक्टिस का बिना आस्ट्रेलिया ना जइहन जहीर खान.
- केपटाउन टेस्ट में शर्मसार भइल आस्ट्रेलिया. आठ विकेट से हारल.
- शुमाकर एह बात के खंडन कइले बाड़न कि मर्सडीज टीम से ऊ अपना करार के नवीकरण के बात करत बाड़े.
0 Comments