नवहियन के लूटत बा प्रदेश सरकार

भाजपा नेता सुरेन्द्र सिंह उ0प्र0 सरकार पर आरोप लगवले बाड़न कि छात्रवृति में बयान हलफी मांगि के सरकार लाखन रूपया बटोरि लीहलसि आ एहि तरे मास्टरी के नोकरी के नाम पर एक एक लरिकन से 70-70 जगही फारम भरवा के लालच देइ के अरबन रूपया बटोरि लीहलसि।सरकारी पार्टी के नेता आ मंत्री ठेके बाटला से फुरसत ना पावता लोग बाकी का देखी।

स्टाम्प पेपर नइखे मिलत

छात्रवृति के बयानहलफी बनवावे खातिर दस में पढ़े वाला लइका 10 आ 20 रूपया आ चाहे 100 रूपया के स्टाम्प खोजत में हैरान हो गइल बाड़न स । इहवां बैरिया तहसील में खतम हो गइल बा कबले आइ कवनो ठीक नइखे। कइसे लइका आपन बयानहलफी बनवइहें स आ समय से जमा करीह स नइखे बुझात। अधिकारियन के धियान दीहल जरूरी बा।

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।