नारी अत्याचार के व्यथा कथा ह ‘औरत खिलौना नहीं’

Rinku-Awadheshभोजपुरी सिनेमा के कुछुए लोग ह जिनकर फिलिम सामाजिक सरोकारन से जुड़ल होला. असलम शेख ओही मे से एगो हउवन आ खासो. इनकर अगिला फिलिम ‘औरत खिलौना नहीं’ में नारी पर होखत अत्याचारन आ ओकरा व्यथा के कथा देखावल जाई.

शंकर रोहिरा, एस आर फिल्म्स आ आर ए आई एस फिल्म्स के एह फिलिम के निर्माता हउवन अविनाश रोहिरा आ मोहम्मद असलम. निर्देशक असलम शेख खुदे एकर कथा पटकथा लिखले बाड़न.

एह फिलिम के कलाकारन मे मेगा स्टार मनोज तिवारी मृदुल, रिंकू घोष, मोनालिसा, शैलेश सिन्हा, मोहिनी घोष, अयाज़ खान, प्रकाश जैस, रितु पांडे आ अवधेश मिश्रा के खास भूमिका बा. जबकि संगीता तिवारी, स्वीटी छाबरा, सूर्या आ आइटम क्वीन संभावना सेठ के अतिथि लेकिन अहम किरदार बा. एही फिलिम से भोजपुरी सिनेमा मे इम्तियाज़ असलम के आगम होखत बा.

निर्देशक असलम शेख के कहना ह कि फिलिम समाज के अक्स देखावेले आ एही से समाज प सार्थक फिलिमन के बढ़िया असर होला. बतवलन कि एह फिलिम मे ओह बुराइयन के उठावल गइल बा जवनन से आम इंसान रोज़े रूबरू होत रहेला आ एकर समाधान चाहेला.

निर्माता अविनाश रोहिरा बतावत बाड़न कि फिलिम बने के आखिरी दौर मे बा आ जल्दिए दर्शकन के सोझा होखी.


(रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।