निरहुआ के केहु जोड़ नइखे

भोजपुरी सिनेमा में अभिनेता दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के कवनो जोड़ नइखे. बात अगर व्यवसायिक रूप से सफल नायकन के कइल जाव त निरहआ आ शानदार अभिनय के बात होखे तबो निरहुआ. हाल ही में रिलीज फिल्म ‘गंगादेवी’ में निरहुआ के शानदार अभिनय के सगरो चरचा होखत बा. एहमें निरहुआ अबतकले के आपन सबले बढ़िया काम कइले बाड़न. संवाद अदायगी में नया प्रयोग कइले बाड़न आ निगेटिव आ पोजिटिव दुनु तरह के अभिनय में बाजी मरले बाड़ें.

एहसे पहिले रणभूमि, हम बाहूबली जइसन फिलिम में शानदार अदाकारी खातिर सराहल निरहुआ पिछला पाँच साल से लगातार सर्वश्रेष्ठ अभिनेता रहल बाड़ें.


(प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. sushil rajput

    भोजपुरी सिनेमा में अभिनेता दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ say may kahna cahta hu ki mujay v 1 chance day do yaar. my mo no is 08000603463

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।