पंकज आ प्रियंका के जुदाई अगिला महीने

पंकज केसरी, प्रियंका पाठक आ सेजल शर्मा अभिनीत फिल्म “कबो आवे ना जुदाई” अगिला महीना पूरा देश में एके साथ रिलीज होखे वाला बा. पायल भट्टाचार्य के बनावल आ विवेक कुमार राव का निर्देशित एह फिल्म के गाना विनय बिहारी के आ संगीत प्रशांत राज के बा. डांस डायरेक्टर विवेक शर्मा, कला निर्देशक गणेश निषाद, कैमरा संचालक सुरेश कोरियन हउवें. यूपी आ बिहार के वास्तविक लोकेशन पर फिल्मावल गइल एह फिल्म के निर्माण पर निर्मात्री पायल भट्टाचार्य दिल खोल के पइसा खर्च कइले बाड़ी. कहल जात बा कि जुदाई नाम से बने वाली हर फिल्म हिट होखत आइल बा, आ ईहो होखी.


(स्रोत – रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।