पंकज केसरी के सम्मान मिलल

भोजपुरी के जानल मानल अभिनेता पंकज केसरी के हाल ही में उनुका फिल्म “कभी आवे ना जुदाई” ला बेस्ट एक्टर के एक्स्लेसी अवार्ड से सम्मानित कइल गइल.

पिछला दिने मुंबई के मलाड में आप की आवाज़ के अंजन गोस्वामी के आयोजित कइल समारोह में पंकज केसरी के ई अवार्ड मुरली पनिकर के हाथे दिहल गइल, एह मौका पर अउरिया फिल्मी हस्तियन के सम्मानित कइल गइल जवना में निर्देशक असलम शेख, राज कुमार पांडे, अभिनेत्री गुंजन पन्त, अंजना सिंह, अनारा गुप्ता वगैरह शामिल रहली.

पंकज केसरी एह अवार्ड के अपना दर्शकन के प्यार बतवलन. बतावे जोग बा कि पंकज केसरी के दू दर्जन से अधिका फिलिम रिलीज हो चुकला बाड़ी सँ आ हालही में रिलीज़ “प्यार जिंदाबाद” बिहार में सफलता के परचम लहरावत बावे.

(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।