गहरात जात बा हैदर काजमी आ अक्षरा सिंह के ‘बिगुल’ क राज़
-

फिल्म बिगुल का सेट पर अक्षरा, रविकांत, आ हेदर काजमी

सिनेमा भोजपुरी के रियल रंगबाज हैदर काजमी आ अक्षरा सिंह के फिल्म ‘बिगुल के रहस्य गहरात जाता कि आखिर एहमें अइसन का बा कि एकरा के लुकावल जात बा. एडिटिंग चलत बा बाकिर कहवाँ? ई ना त हैदर काज़मी के पता बा ना अक्षरा सिंह के. फिल्म में हैदर काजमी के भूमिका का बारे में पूछला पर निर्देशक रविकांत के जबाब मिलल कि एह खातिर फिलिम देखे पड़ी. बस अतने बतवलें कि ‘बिगुल’ भोजपुरी फिल्म ना होके अइसन फिलिम ह जवना के भाषा भोजपुरी ह. रहस्य के अदाज अइसन बा कि ‘बिगुल’ के प्रचारो टीम के एगो फोटो ले नइखे दिहल जात.

‘बिगुल’ के निर्माण नमन इंटरप्राइजेज के बैनर तले होत बा. कथा पटकथा खुद निर्देशक रविकांत के लिखल बा. संवाद मनोज पांडे आ रविकांत के, गीत रविकांत आ एस. कुमार के, संगीत नजाकत सुजाद के, फोटोग्राफी रूपांग आचार्य के, प्रोडक्शन डिजाइन संजय यादव के, एडीटींग गोपाल राधानी के , नृत्य निर्देशन अशोक मयंक के आ मारधाड़ निर्देशन हीरा यादव के.

कलाकारन में हैदर काजमी, अक्षरा सिंह, जितेन्द्र यादव के अलावा श्रेया शर्मा, मनीष खन्ना, संजय कुलकर्णी, कृष्णा गोपाल, सुप्रिया गोपाल अउर संगीता रमन के मुख्य भूमिका बा.

(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts