पटना एम्स एही साल शुरू करे के कोशिश करत बिया बिहार सरकार

बिहार सरकार पटना के एम्स में पहिला अगस्त से पढ़ाई शुरू करवावे के निहोरा केन्द्र सरकार से कइले बिया. कहल गइल बा कि एह कॉलेज में एक सौ एमबीबीएस छात्रन के प्रवेश के अधिसूचना जारी कइल जाव. पटना सिटी के गुरू गोविन्द सिंह अस्पताल के एह मेडिकल कॉलेज से जोड़ दिहल गइल बा. स्वास्थ्य मंत्री के कहना बा कि एम्स के निरीक्षण में सगरी जरूरी सुविधा मौजुद पावल गइल एहसे पढ़ाई शुरु करावे में कवनो बाधा ना होखे के चाहीं.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *