पटना मे गंगा किनारे मुंबई के मैरीन ड्राइव जइसन गंगा पथ पर काम शुरू

आजु पटना में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार गंगा किनारे बने जात 2300 करोड़ रूपिया के लागत वाला दीघा दीदारगंज गंगा पथ के निर्माण के शुरूआत करवले. गंगा किनारे बने वाला एह 21.5 किलोमीटर लमहर सड़क के निर्माण शुरू करावत नीतीश कुमार कहलन कि आजु जेपी के जयंती ह आ लोक नायक जेपी संपूर्ण क्रांति के प्रणेता रहलन एहसे एह पथ के नाम लोक नायक गंगा पथ होखी. बतवलन कि चार साल में चार लेन के एह सड़क के निर्माण पूरा कर लीहल जाई.
मुख्यमंत्री कहलन कि एह बहुते महत्वाकांक्षी परियोजना मे 7.5 किलोमीटर एलिवेटेड सड़क होखी आ अशोक राजपथ से पांच जगहा एकरा के जोड़ल जाई. बतवलन कि ए एन सिन्हा इंस्टीच्यूट जहां से ई पथ एलिवेटेड हो जाई ओहिजा सभ्यता द्वार, ज्ञान भवन, पांच हजार क्षमता वाला सभागार का साथ ही पार्किंग आ फूड कोर्टो के व्यवस्था रही. कहलन कि पटने ना देश के तमाम हिस्सा से तकनीकी रूप से बढ़िया आ नया तरह के एह परियोजना के देखे खातिर लोग आइल करी. गाँवो के बचवा सब एह अद्भुत कलाकृति के देख के आनंदित होखीहे.
मुख्यमंत्री इहो कहलन कि गंगा के सगरी घाटन के सुन्दर बनावे कामो होखी.एह सड़क के बनावे वाला नवयुगा कंपनी से कहल गइल बा कि निर्माण के काम में स्थानीय लोग के रोजगार मे प्राथमिकता दीहल जाव. आगे चल के एकरा के बख्तियारपुर पुल आ आरा छपरा पुलो से मिलावे के योजना बा. कहलन कि कच्ची दरगाह का नियरा छह लेन वाला पुल बनत बा जवना के राघोपुर मे उतारल जाई.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।