परसो देर रात पाकिस्तानी हमला में मरइले पाँच गो सैनिक

परसो देर रात पाकिस्तानी सेना आ आतंकियन का हमला में भारत के पाँच गो सैनिकन के जान चल गइल. बाकिर संसद में बयान देत रक्षा मंत्री एह हमला में पाकिस्तानी सेना के हाथ होखल नकार दिहलन आ कहलन कि कुछ आतंकी सेना के वर्दी में रहले. रक्षामंत्री का बयान पर भाजपा तगड़ा एतराज जतवले बिया आ आजु संसद में बोलन सुषमा स्वराज माँग कइली कि रक्षा मंत्री देश से माफी माँगसु.

एह हमला में मरे वाला सैनिकन में से चार गो सैनिक बिहार के रहलें. एह चारो के अंतिम संस्कार राजकीय सम्मान का साथे करे के आ हर परिवार के दस दस लाख रुपिया सहायता में देबे के एलान बिहार सरकार कइले बिया.

एहमें से प्रेमनाथ सिंह सारण जिला के कोपा इलाका के समहुता गाँव के रहले जबकि रघुनदन प्रसाद एकमा इलाका के नौतन गाँव के. प्रेमनाथ सिंह अगिला साल रिटायर होखे वाला रहलन जबकि रघुनन्दन के बहाली दू साल पहिले भइल रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..