पूर्वांचल राज्य माँगत लोग दिल्ली में प्रदर्शन कइल

तेलंगाना राज्य बनावे के केन्द्र सरकार के फैसला का बाद देश भर से नया नया राज्य बनावे के माँग उठे लागल बा. एही कतार में पूर्वांचल राज्य मांगत लोग राष्ट्रीय क्रांतिकारी समाजवादी पार्टी का बैनर में नई दिल्ली के जंतर मंतर पर प्रदर्शन कइल, प्रदर्शन के अगुवई करत पार्टी के अध्यक्ष गोपाल राय कहलन कि दसियन साल से पूर्वांचल राज्य बनावे के माँग होखत बा काहे कि एह इलाका के समुचित विकास उत्तर प्रदेश जइसन बड़हन राज्य का चलते नइखे हो पावत. अगर पूर्वांचल के अलग राज्य बना दिहल जाव त एह इलाका के सम्यक विकास हो पाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..