बनारस डी.एल.डब्ल्यू.में रक्तदान शिविर

काल्हु 13 मार्च 2013 के डी.एल.डब्ल्यू. मजदूर संघ से जुड़ल दत्तात्रेय दत्तोपन्त ठेगड़ी कर्मचारी रक्त सहायता समूह का तरफ से सामूहिक रक्तदान कार्यक्रम के आयोजन भइल. एह रक्तदान शिविर के उद्घाटन डीरेका के मुख्य यांत्रिक अभियन्ता राकेश बताश कइलन. जाने जोग बा कि एह रक्तदान समूह के रक्त जरूरत पड़ला पर रेल कर्मचारी भा ओह लोग के परिजन भा सामाजिक संस्थानो के दिहल जाला. काल्हु के शिविर में पचहत्तर यूनिट रक्त दान में मिलल. रक्तदान करे वालन में डी.एल.डब्ल्यू. मजदूर संघ के अध्यक्ष एस. पी. सिंह, महामंत्री नरेंद्र कुमार मिश्र, मुकेश सिंह, राकेश, दीपेश, राम सिंह, पी.के.एन. सिंह, क़ृष्ण मोहन तिवारी, श्याम मोहन तिवारी, मुन्ना प्रसाद, सुरेश विश्वकर्मा, विजय गुप्ता, नवीन सिन्हा, अखिलेश राय, अविनाश पाठक वगैरह का साथे डी.एल.डब्ल्यू. मजदूर संघ के अनेके कार्यकर्ता आपन रक्त दान दिहलें. (अविनाश पाठक)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।