बलिया के एगो कंप्यूटर दुकानदार से मारपीट के लूट

बलिया सदर इलाका के मालगोदाम रोड पर प्रकाश कटरा में के एगो कशप्यूटर दुकान पर कुछ लोग चहुॅप के मारपीट कइल आ बैक भेजे खातिर राखल पाॅच लाख रुपिया आ पचीस गो लैपटापो लूट लिहल गइल. दुकानदार एह सगरी मामिला के अपना सीसी टीवी कैमरा के रिकार्डिंग पुलिस के दिहले बावे आ पुलिस तहकीकात में लागल बिया. बतावल जात बा कि कटरा में आमने सामने के दू गो दुकानदार का बीच गाहक फँसावे के लेके ढेर दिन से विवाद चलत आवत बा आ शायद इहे सब लेके ई घटना घटल बा.

0 Comments