बलिया के फसल बीमा करे खातिर कंपनी तैयार नइखे

बलिया में किसानन के फसल के बीमा करे खातिर सरकार से नामित कंपनी बीमा करे ला तइयार नइखे. बलिया खातिर सरकार इफको-टोकिया कंपनी के नामित कइले बिया. एह योजना में कर्जा ले के खेती करे वाला किसानन से बीमा प्रीमियम ले के सरकार ओह कंपनी के देले आ फसल के नुकसान होखला पर बीमा कंपनी हरजाना देले. मामिला तब सामने आइल जब बैंक सालाना प्रीमियम के डेढ़ करोड़ रुपिया के चेक कंपनी के भेजले त कंपनी लेबे से इंकार क दिहलसि. शायद ओकरा अनेसा बा कि एहिजा के खेती के बीमा कइल खतरा से खाली नइखे.
जान जाईं कि बलिया में स्वास्थ्य बीमा योजनो के काम ठप्प पड़ल बा जबकि अगल बगल के जिलन में काम चालू बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।