बलिया में चिकित्सा विभाग के दू गो अधिकारियन पर हमला

(फाइल फोटो)

बलिया 9 मार्च (वार्ता) बलिया जिला मुख्यालय पर नौकरी के रेगुलर करावे ला घूस मांगल गइला का बाद चिकित्सा विभाग के दू गो अधिकारियन पर हमला कइल गइल.

पुलिस अधीक्षक अनिल कुमार आजु बतवलें कि शहर कोतवाली के एन सी सी चौराहा का लगे काल्हु देर साँझि अपना सरकारी वाहन से जिला अस्पताल जात उपमुख्य चिकित्साधिकारी आ एन आर एच एम के प्रभारी डॉ हरपाल सिंह अउर डीसीपीएम अजय पाण्डेय पर मोटरसाइकिल सवार तीन लोग हमला क दीहल. एह हमला में दुनु अधिकारी घव्हिल हो गइलें. एह लोग के जाला अस्पताल में भरती करा के इलाज करावल गइल.

बसिया एसपी बतवलें कि एह मामिला में स्वास्थ्य विभाग में संविदा पर काम करत आरोपी मिथिलेश गिरी, आशुतोष सिंह, आ मनोज कुमार के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा. बतवलें कि संविदाकर्मियन के सेवा रेगुलर करावे खातिर अधिका घूस मांगल गइला से एह घटना के अंजाम दीहल गइल. एगो अउरी आरोपी संविदा कर्मी मन्नान खाँ के गिरफ्तारी के कोशिश जारी बा.

पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..