बलिया में भइल काव्य आ विचार गोष्ठी

काल्हु अतवार १४ अक्टूबर का दिने बलिया के श्रीरामविहार कालोनी स्थित “पाती” पत्रिका आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया कार्यालय पर एगो विचार आ कवि गोष्ठी भइल. एह गोष्ठी में पाती पत्रिका के सितम्बर अंक के विमोचन का साथे जनपदीय साहित्यकारन के मासिक संगोष्ठी के फेर से सुरुआत भइल

बाँए से रमेशचंद्र श्रीवास्तव,बृजमोहन प्रसाद अनाड़ी, शंभुनाथ उपाध्याय, डा॰शत्रुघ्न पाण्डेय, डा॰ अशोक द्विवेदी, शिवजी पाण्डेय रसराज, हीरालाल हीरा, कन्हैया पाण्डेय


विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई के दू साल से ठप पड़ल मासिक गोष्ठी परंपरा के एह सुरुआत से भोजपुरी साहित्य के सक्रियता आ बढ़ंती के उमेद बढ़ल. काहे कि एह गोष्ठी परंपरा का चलते पछिला बरिसन में कई गो काव्य संग्रह आ कथा संग्रह प्रकाशित भइल रहे.

अतवार का कवि गोष्ठी में डा॰ अशोक द्विवेदी, शंभुनाथ उपाध्याय, कन्हैया पाण्डेय, डा॰ शत्रुघ्न पाण्डेय, शशि प्रेमदेव, बृजमोहन ‘अनाड़ी’, हीरालाल ‘हीरा’, शिवजी पाण्डेय ‘रसराज’, त्रिभुवन प्रसाद ‘प्रीतम’, रमेशचंद्र श्रीवास्तव वगैरह कवि आपन काव्य पाठ कइल आ डा॰ श्रीराम सिंह गोष्ठी का आखिर में एह सोद्देश्य आ सरस आयोजन पर धन्यवाद प्रकाश कइलन.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।