बलिया से सपा समर्थित साधना गुप्ता जीतली

चितबड़ागाँव से पार्वती, सहतवार से स्वर्णप्रभा, बाँसडीह से मनोरमा सिहं, रेवती से जयश्री पाण्डेय, आ सिकन्दरपुर से सावित्री देवी जीतल बाड़ी.
मनियर नगर पंचायत से मौजूदा अध्यक्ष ब्रह्मशक्ति संजय सिंह दुबारा जीतलें.
रसड़ा नगरपालिका परिषद अध्यक्ष पद पर वशिष्ठ नारायण सोनी फेर जीतलें. जबकी भाजपा उनुका के टिकट ना दिहले रहुवे.
बिल्थरा रोड से दिनेश कुमार गु्प्त रिकार्ड अन्तर से जीतलें जे पहिला बेर चुनाव लड़ल रहलें.
बलिया नगर निगम के चुनाव में अध्यक्ष पद पर सपा समर्थित उम्मीदवार साधना गुप्ता के जीते के खबर बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।