बापे पूत परापत घोड़ा, बहुत नहीं त थोड़ा थोड़ा


बिहार के बदनाम चारा घोटालेबाज़ लालू प्रसाद के आठवीं फेल बेटा आ सुशासन बाबू कहाएवाला नीतीश कुमार के मंत्रिमंडल में स्वास्थ्य मंत्री तेज प्रताप यादव के मिलल पेट्रोल पंप के लाइसेंस आजु तेल कम्पनी रद्द क दिहलसि।
तेज प्रताप पर आरोप रहल कि ऊ फ़र्ज़ी कागजात का सहारे ई लाइसेंस हथियववले रहलन। पम्प के जमीन के तब ऊ मालिक ना रहलन।
जान जाई कि जमानत पर चलत सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद के परिवार के सदस्यन प तरह तरह के आरोपन के जांच चलत बा। बाकि नीतीश के मजबूरी बा कि लालू से अलग नन जा सकसु।

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..